एसोसिएसन अफ भेटेरिनरी प्राक्टिसनर वीरगंज पर्सा के अध्यक्ष मे गुप्ता चयन

वीरगंज ०३ पुस
एसोसिएसन अफ भेटेरिनरी प्राक्टिसनर वीरगंज पर्सा के दुसरका जिल्ला अधिवेशन आजु एगो कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।
होटल साह दरबार वीरगंज मे भईल अधिवेशन से कमलेश गुप्ता के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय नयाँ नेतृत्व चयन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे अणु राणा, सचिव मे विजय कुमार साह, सह–सचिव मे राम प्रसाद चौरसिया, कोषाध्यक्ष मे जय सुन्दर पाल, सदस्यलोग मे नरेश महतो, अरुण पटेल, महम्मद समिर अंसारी, सुनिल यादव, जयप्रकाश यादव आ शिवशंकर ठाकुर सर्वसहमत रुप मे चयन भईल बाडन ।
अधिवेशन के उदघाटन करत प्रमुख अतिथि भुमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय प्रदेश नं. २ के सचिव डा. नम्रता सिंह नव निर्वाचित पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के बधाई देत आपन–आपन क्षेत्र मे ईमान्दारी पूर्वक काम करे खातिर सुझाव देहले रहनी । अभी भी गाँव घर मे भेटेरिनरी चिकित्सकलोग के कमी रहला से पशु कृषकलोग के आपन आपन जगहा से सकेभर सहजोग करे खातिर निहोरा कईले रहनी । बैजुलाल गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन शत्र मे पशु क्वारेन्टाईन कार्यालय वीरगंज के प्रमुख डा. हरेराम यादव, एहितरे डा. पुस्पेन्दर साह, डा. दिनेश कुमार तिवारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






