सुवर्ण गाँवपालिका मे भईल सार्वजनिक सुनवाई, जनतासब निर्माण काम के बारेमे सवाल कईलें

प्रभु यादव
बारा ०९ पुस
बारा के सुवर्ण गाँवपालिका मे आर्थिक वरिस २०७८÷०७९ के पहिलका चौमासिक वितला पर सार्वजनिक सुनवाई कईले रहलन । सर्वजनिक सुनवाइ कार्जक्रम मे सहभागी जनता सब के पालिका से कईल काम के सम्बन्ध मे लिखित प्रश्न कवन जिमेवार से जवाफ चाहत बानी फरमेट बाट के कईले रहलन ।
जनता सब से वार्ड अध्यक्ष लोग से अधिक संघिय आ प्रदेशिक योजना सब के सम्बन्ध मे प्रश्न कईले रहल लोग जवना के जवाफ जनप्रतिनिधि लोग देहले रहनी ।
कार्जक्रम के सभापतित्व पालिका के अध्यक्ष महेन्द्र यादव कईले रहनी जवना मे प्रमुख अतिथी प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव के आ विशिष्ट अतिथी संविधान सभा के सदस्य रामअयोध्या यादव, राजपा के बारा उपाध्यक्ष रामविर यादव के रहल रहे ।
वियफे के दिन भईल सार्वजनिक सुनवाइ कार्जक्रम मे जनता से पुछल प्रश्न के जवाफ सुवर्ण गाँवपालिका उपाध्यक्ष बबिता यादव, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नवीन श्रीवास्तव, वार्ड नम्वर १ के अध्यक्ष हरिषचन्द्र प्रसाद महतो, वार्ड नम्वर २ के अध्यक्ष रंजित प्रसाद यादव, वार्ड नम्वर ३ के महेन्द्र राउत अहिर, वार्ड नम्वर ४ के अध्यक्ष दोलेन्द्र प्रसाद यादव, वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष रामएकवाल साह कलवार, वार्ड नम्वर ६ के अध्यक्ष शिवधारी दास तत्मा, वार्ड नम्वर ७ के अध्यक्ष विजय कुमार सिंह आ वार्ड नम्वर ८ के अध्यक्ष शैबुल्लाह मियाँ कुज्जा कार्यपालिका सदस्य शान्ति देवी, रिना देवी राम, उर्मिला देवी, इन्द्रासनी देवी, फुलवा देवी आ रामेश्वर ठाकुर लगायत के देहले रहल रहे ।






