मेयर सरावगी कईनी दु गो बर्थिङ सेन्टर के शिलान्यास

वीरगंज २५ माघ
वीरगंज महानगरपालिका मे दु गो बर्थिङ सेन्टर के शिलान्यास कईल बा । वीरगंज–१७ अलौं आ वार्ड नं २६ सुगौली विर्ता मे बने लागल बर्थिङ सेन्टर के शिलान्यास कईल बा ।
नगरप्रमुख विजय कुमार सरावगी मंगर के दिने दुनु बर्थिङ सेन्टर के शिलान्यास कईले बाडन । नगर क्षेत्र मे स्वास्थ्य संस्था मे प्रसूती करावे खातिर प्रोत्साहन कईला के साथे सुरक्षित प्रसूती सेवा प्रदान करेके उद्देश्य से बर्थिङ सेन्टर बनावे लागल नगर प्रमुख सरावगी जानकारी देहनी ।
वार्ड नं २६ के वार्ड अध्यक्ष शम्भु मिश्रा बर्थिङ सेन्टर तईयार भईला के बाद वार्ड से सामान्य प्रसूती सेवा प्रदान करे सकेके बतवनी । ‘गाँवघर मे सुत्केरी ब्यथा से दबईला के बाद रातबिरात वीरगंज लेजाएके अवस्था बा ।’ उ कहनी, ‘रात के एम्बुलेन्स खोज के गर्भवती जनानी के अस्पताल पुगावल मुस्किल होखी, वार्ड मे बर्थिङ सेन्टर तईयार भईला के बाद ई समस्या से छुटकारा मिली ।’
बर्थिङ सेन्टर तईयार भईला के बाद जरुरी जनशक्ति माग करके सञ्चालन मे लियावल उनकर कहनाम बा । वीरगंज महानगरपालिका के पूर्वाधार विकास शाखा के मुताविक राष्ट्रिय योजना आयोग के विशेष अनुदान से नगर क्षेत्र मे पाँच गो बर्थिङ सेन्टर बनावे लागल बा ।
वीरगंज–२२ जगरनाथपुर, २६ नं सुगौलीविर्ता, १७ नं अलौं, ३१ नं बेल्वा आ २९ नं बसडिल्वा मे चालु आर्थिक बरीस भितर हि बर्थिङ सेन्टर बनावेवाला किसिम से काम अगाडि बढावल गईल बा । पाँच गो बर्थिङ सेन्टर बनावेके जिम्मा पीएमसप्तपथड्रामा जेभी के मिलल बा । उ ३ करोड ६८ लाख ८ हजार ४ सय रोपेया मे ५ गो बर्थिङ सेन्टर तईयार करी ।
बाँकी तीन गो बर्थिङ सेन्टर के निर्माण के काम भी जलदी सुरु होखेके महानगरपालिका के ईन्जिनियर प्रकाश अधिकारी जानकारी देहनी । उनका मुताविक महानगर से तईयार कईल डिजाइन मुताविक हि निर्माण कम्पनी बर्थिङ सेन्टर बनाई ।
महानगरपालिका उपर बर्थिङ सेन्टर निर्माण लागत १ करोड ११ लाख रोपेया अनुमान कईले रहे । १ तल्ले पक्की बर्थिङ सेन्टर भवन सुविधा सम्पन्न होखेके सहरी पूर्वाधार विकास महाशाखा के प्रमुख ईन्जिनियर राकेश साह बतवनी ।
बर्थिङ सेन्टर मे प्रि डेलिभरी, पोष्ट डेलिभरी, जाँच कक्ष, ड्रेसिङ रुम, ल्याब, स्टोर, प्रशासनिक काम करे खातिर अलग अलग कोठरी आ सिपटी के व्यवस्था भवन मे होखी । १६ गो ग्रामिण वार्ड सहित ३२ गो वार्ड रहल वीरगंज मे अभी दु गो मात्र बर्थिङ सेन्टर सञ्चालन मे बा ।
वार्ड नं २८ स्थित बगही प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र आ वार्ड नं २१ लिपनीविर्तास्थित स्वास्थ्य चौकी मे बर्थिङ सेन्टर सञ्चालन मे बा । वीरगंज बजार क्षेत्र मे नारायणी अस्पताल लगायत अनेकन नीजि अस्पताल तथा क्लिनिक विशेषज्ञ डाक्टर मार्फत प्रसूती सेवा प्रदान करत आईल बा ।






