कांग्रेस के पर्सा सभापति मे पटेल आ क्षेत्रीबीच कडा प्रतिस्पर्धा

वीरगंज १७ फागुन

नेपाली कांग्रेस के पर्सा जिल्ला सभापति के खातिर श्याम पटेल आ जनार्दन सिंह क्षेत्रीबीच प्रतिस्पर्धा होखेके जनावल गईल बा ।

कांग्रेस जिल्ला सभापति के खातिर निवर्तमान जिल्ला सचिव पटेल आ नेता जनार्दनसिंह क्षेत्रीबीच प्रतिस्पर्धा होखेके जनावल गईल बा ।

जिल्ला सभापति के खातिर पटेल आ क्षेत्री के उम्मेदवारी परल कांग्रेस के जिल्ला निर्वाचन अधिकृत नरेन्द्र केसी जानकारी देहनी । पटेल नेपाली कांग्रेस संस्थापन इतर पक्ष के उम्मेदवार हउवन् ।

कांग्रेस के निवर्तमान जिल्ला सभापति अजय द्विवेदी आ संविधानसभा सदस्य राजेन्द्र बहादुर अमात्य के समर्थन उनका बा । क्षेत्री संस्थापन पक्ष के उम्मेदवार हउवन् । उनका के नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्यद्वय रमेश रिजाल आ अजय चौरसिया के समर्थन बा ।

७ पदाधिकारी सहित ६८ सदस्यीय जिल्ला कार्य समिति के खातिर क्षेत्री आ पटेल दुनु पक्ष प्यानल बनाके मंगर के दिने उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन ।

पटेल के प्यानल से उपसभापति मे राजु गुप्ता आ डाक्टर कृपासिन्धु चौधरी, सचिव मे विश्वराज घिमिरे आ वीरेन्द्र यादव, सहसचिव मे दिलिपराज कार्की आ रुक्मान अन्सारी उम्मेदवारी देहले बाडन ।

क्षेत्री के प्यानल से जिल्ला उपसभापति मे रामनारायणप्रसाद कुर्मी आ अशोककुमार गुप्ता, सचिव मे दिनेश चौधरी आ इम्तियाज आलम, सहसचिव मे नविन सिंह आ मदनप्रसाद यादव के उम्मेदवारी परल बा ।

फागुन १९ गते होखेवाला चुनाव मे १ हजार ८ सय मतदाता सहभागी होखिहें । एकरा से पहिले बितल शनिचर के दिने भईल कांग्रेस के वीरगंज महानगर के अधिवेशन से नगरसभापति मे संस्थापन इतर पक्ष के मणिन्द्रलाल नेपाली निर्वाचित भईल रहलन ।

नेपाली कांग्रेस बारा के नयाँ नेतृत्व चयन के खातिर फागुन २१ गते चुनाव होखेके जनावल गईल बा । ओकरा खातिर फागुन १९ गते उम्मेदवारी के मिति तोकल गईल बा । २ हजार ४ सय ८६ जने प्रतिनीधि चुनाव मे भाग लिहें । बारा मे सभापति के खातिर कलैया उपमहानगरपालिका नगरप्रमुख राजेशराय यादव, नेता शम्भु बुढाथोकी आ रामानन्द यादव से उम्मेदवारी देवेके चर्चा बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।