सहायक सीडियोद्धारा नेपालका लागि नेपाली पार्टी के सचिव पौडेल सँगे दुव्र्यवहार कईल आरोप

वीरगंज ०२ भादो

नेपाल के खातिर नेपाली पार्टी के केन्द्रिय सचिव तुलसी पौडेल के पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिव प्रसाद लम्साल दुव्र्यवहार कईल आरोप लगवले बानी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे पत्रकार सम्मेलन करके पार्टी के केन्द्रिय सचिव पौडल भादो १ गते काम विशेष से गईला पर फोटोकपी के समस्या भईला पर ई बिषय के लेके सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी लम्साल के सिकाईत करे गईला पर उ दुव्र्यवहार कईल बतवनी ।

सचिव पौडेल सहायक सिडियो के नमस्कार कहत आपन बात राखेके खोजला पर बात ना सुनके उलटे अनेकन किसिम के गाली बेईज्जती संगे मोबाईल स्वीच अफ कराके करिब साढे तिन घण्टा नजर बन्द कईल आरोप भी लगवनी । सहायक सिडियो लम्साल माफी ना माँगला पर चरणबद्ध आन्दोलन करेके पार्टी के केन्द्रिय अध्यक्ष संतोषानन्द महाराज जानकारी देहनी ।

पर्सा जिल्ला अध्यक्ष अनिल कुर्मी के सभापतित्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे पार्टी के केन्द्रीय प्रबक्ता अग्नी प्रसाद भुसाल, केन्द्रिय सदस्य बिनोद प्रसाद कुर्मी, मधेश प्रदेश उपाध्यक्ष मुना गुप्ता, सह सचिव रामप्रसाद कुर्मी, कोषाध्यक्ष पारस दुबेदी, पर्सा जिल्ला सचिव नविन मिश्रा, कोषाध्यक्ष प्रणय सिन्हा, सल्लहाकर श्रीलाल राउत, जिल्ला सदस्यलोग जयलाल कुर्मी, संतोष कुशवाहा, बिधांचल पटेल, सुरज साह कानू, संदीप पटेल, बीरगंज नगर उपाध्यक्ष धीरज साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।