रौतहट मे क्रसर माफिया के आक्रमण से पत्रकार यादव घायल

रौतहट ०४ भादो

रौतहट मे अवैध क्रसर उद्योग के माफिया के आक्रमण से पत्रकार राकेश यादव घायल भईल बाडन ।

वृन्दावन नगरपालिका वार्ड नम्बर १ मे मापदण्ड विपरीत सञ्चालित शिवम क्रसर उद्योग मे समाचार संकलन के खातिर पुगल हिमालयन टेलिभिजन के संवाददाता भी रहल पत्रकार यादव उपर क्रसर सञ्चालक आ उनकर कर्मचारीलोग के समुह सांघातिक आक्रमण करके घायल बनवले बाडन ।

शिवम क्रसर उद्योग मे खोला से उत्खनन् कईल नदिजन्य वस्तु अवैध मे जम्मा कईल तथा जिल्ला अनुगमन समिति से स्टक परिक्षण ना कराके बिक्रीवितरण करत आईल सुचना मिलला के बाद उहे विषय मे समाचार संकलन के खातिर उहाँ पुगल समय पत्रकार यादव उपर आक्रमण करके उनकर क्यामेरा भी फोर देहले रहलन । घटना मे संलग्न मेसे क्रसर उद्योग के ३ जने कर्मचारी के इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के टोली सोमार के सँझिया पकडले बा । पकडाएवाला मे महोत्तरी के बर्दिवास नगरपालिका १४ के राजदेव ठाकुर, सर्लाही के बरथवा नगरपालिका १८ के महेश चौधरी आ बृन्दावन नगरपालिका ४ हरैया के राधेश्याम यादव रहल बाडन ।

एहितरे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के सचिव मदन ठाकुर एक विज्ञप्ति जारी करके घटना मे संलग्न शिवम क्रसर उद्योग के कर्मचारी उपर कडा कारबाही करेके माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।