दूरदराज के वस्ती तक प्रभावकारी सेवा देवे खातिर औषधी व्यवसायी से उपराष्ट्रपति यादव के निहोरा

वीरगंज २२ भादो

उपराष्ट्रपति रामसहाय प्रसाद यादव देश के दूरदराज के वस्ती तक आउर प्रभावकारी सेवा उपलब्ध करावे खातिर औषधी व्यवसायीलोग के निहोरा कईले बाडन ।

शुक के दिने वीरगंज मे नेपाल औषधी व्यवसायी संघ के १४ वाँ अधिवेशन तथा स्वर्ण जयन्ति महोत्सव के सम्बोधन करत उपराष्ट्रपति यादव अभी भी शहर से गाँव तक औषधी व्यवसायीलोग सेवा देरहल बाडन । अब के दिन मे दूरदराज के वस्ती तक भी दवाई के सेवा आउर प्रभावकारी रुप मे उपलब्ध करावे खातिर निहोरा करत बानी ।

कोभिड महामारी के समय सभी जने घर भितर रहल समय भी नागरिक ज्यान जोगावे खातिर औषधी व्यवसायीलोग २४ से घण्टा दोकान खोलके सेवा देहला मे ओकर सराहना करत उपराष्ट्रपति यादव कहनी, आवेवाला दिन मे भी औषधी व्यवसायीलोग ई जिम्मेवारी के निरन्तरता दिहें कहके विश्वास लेहले बानी । औषधी व्यवसायी संघ मे देशभर के ३२ हजार से बेसी व्यवसायी आबद्ध रहल आ उलोग नागरिक के सहजरुप मे दवाई उपलब्ध करावे के साथे हजारो के रोजगारी भी देहला मे सराहना कईनी ।

उपराष्ट्रपति यादव देश के अर्थतन्त्र मे औषधी कारोबारी के महत्वपूर्ण भूमीका रहल भी बतवनी । देश के आर्थिक रुप मे आत्मनिर्भर बनावे खातिर आर्थिक विकास के जरुरत रहल बतावत उ एमे औषधी व्यवसायी आ उलोग आबद्ध संघ आउर योगदान देवेके अपेक्षा कईले बानी ।

औषधी व्यवसायी आ उलोग आबद्ध संघ के विद्यमान समस्या के गम्भरिता के साथ लेके समाधान के खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय आ औषधी व्यवस्था विभाग के ध्यानाकर्षण भी करवनी ।

संघ के अध्यक्ष मृगेन्द्रमेहर श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे औषधी व्यवस्था विभाग के महानिर्देशक नारायण प्रसाद ढकाल, मधेस प्रदेश के वनमन्त्री रमेश कुर्मी, उर्जामन्त्री सिंहासन साह कलवार, उद्योग, वाणिण्य तथा पर्यटन राज्यमन्त्री रहबर अन्सारी, प्रदेशसभा सदस्यद्वय श्याम पटेल आ प्रमोद जयसवाल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।