छुटी के दिन अनुमतिबिना सञ्चालन कईल ४३ गो सरकारी गाडी नियन्त्रण

वीरगंज २३ भादो
वीरगंज मे छुटी के दिन अनुमति ना लेके चल रहल सरकारी सवारी साधन के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा । शनिचर के दिने छुटी के दिन इजाजत ना लेके चलावल गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी समेत के गाडी के राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल के नेता कार्यकर्ता नियन्त्रण मे लेहले बाडन ।
जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के सहजोग मे शनिचर के दिने छुटी के दिन चेकजाँच मे कडाइ करके सरकारी सवारी साधन नियन्त्रण मे लेहल गईल राष्ट्रिय युवा संघ पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद निजाम जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक प्रमुख जिल्ला अधिकारी के गाडी सहित तीन गो चार चक्के गाडी आ ४० गो मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेके जिल्ला ट्राफिक पुलीस के जिम्मा लगावल गईल बा ।
वीरगंज के घण्टाघर से नियन्त्रण मे लेहल सवारी साधन सँझिया ५ बजे के बाद मात्र छोडेके युवा संघ वीरगंज महानगर के अध्यक्ष अमिर खान बतवनी । प्रमुख जिल्ला अधिकारी के गाडी पास लेके आवेके शर्त मे फिर्ता पठावल गईल उ बतवनी ।
छुटी के दिन भी सरकारी सवारी साधन दुरुपयोग होरहल मिलला के बाद युवालोग खबरदारी स्वरूप सवारी साधन नियन्त्रण मे लेवेके अभियान के सुरुवात कईल राष्ट्रिय युवा संघ पर्सा के अध्यक्ष निजाम बतवनी ।




