घडीअर्वा छठघाट के सुरक्षा व्यवस्था प्रभावकारी बनावेके सरोकारवालाद्धारा प्रतिबद्धता
घडीअर्वा छठघाट के सुरक्षा व्यवस्था प्रभावकारी बनावेके सरोकारवालाद्धारा प्रतिबद्धता

वीरगंज ३० कात्तिक
छठ पूजा के खातिर नेपाल मे प्रसीद्ध वीरगंज के घडीअर्वा पोखरी छठघाट के सुरक्षा प्रबन्ध बारे बियफे के दिने सरोकारवालालोग बिच छलफल भईल बा ।
छठ पूजा व्यवस्थापन समिति अन्तर्गत के सुरक्षा उपसमिति से आयोजना कईल बईठक मे समिति आ जिल्ला के सुरक्षा निकाय के प्रतिनिधीलोग बीच घडीअर्वा छठघाट मे पूजा आ दर्शन के खातिर आवेवाला के सुरक्षा प्रबन्ध के वितल समय से आउर प्रभावकारी बनावेके विषय मे छलफल भईल बा । छठघाट मे पूजा आ दर्शन के खातिर आवेवाला श्रद्धालु ब्रतालु आ दर्शनार्थीलोग के सुरक्षा आ सहजता के खातिर नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस आ समिति के स्वंयसेवक संयुक्त रुप मे परिचालन करेके सहमति भईल सुरक्षा उपसमिति के संयोजक मुन्ना साह कानु जानकारी करवनी ।
बईठक मे सहभागी जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरक्षिक ध्रुब श्रेष्ठ जिल्ला मे रहल सभी छठ घाट के सुरक्षा मे नेपाल प्रहरी परिचालन करेके आ ओमे भी घडीअर्वा छठ घाट के सुरक्षा उच्च प्राथमिकता मे रहल बतवनी । उ सशस्त्र प्रहरी आ समिति के स्वर्यसेवकलोग संगे के सहकार्य मे नेपाल प्रहरी छठघाट के सुरक्षा प्रबन्ध मिलावेके बतवनी । एहितरे उ सादा डरेस मे भी सुरक्षाकर्मी परिचालन करेके बतवनी ।
एहितरे बईठक मे सहभागी पर्सा के सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक संगम श्रेष्ठ भी छठघाट के सुरक्षा मे सशस्त्र पुलीस कउनो कसर बाँकी ना राखेके बतवनी । बईठक मे छठ पूजा व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष दिलिप साह कानु सम्भावित दुर्घटना के मध्यनजर करके छठघाट परिसर बाहर एम्बुलेन्स, बारुण यन्त्र आ प्राथमिक उपचार शिविर राखला के साथे छठघाट परिसर मे एक दर्जन सिसिटिभी क्यामेरा जडान भी करेके बतवनी । छठघाट के सुरक्षा मे समिति सुरक्षाकर्मीलोग संगे के समन्वय करे खातिर बईठक बोलाके छलफल करेके उ बतवनी । उ घडीअर्वा स्पोटर्स क्लब के ओरी से भी स्वंयसेवकलोग परिचालन करेके बतवनी ।
सुरक्षा उपसमिति के संयोजक मुन्ना साह कानु के अध्यक्षता मे भईल बईठक मे जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख भास्कर खतिवडा, वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के प्रहरी निरिक्षक पुस्कर बोगटी, जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रतिनिधी गौरी शंकर गुप्ता, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १० के वार्ड अध्यक्ष सुशिल साह कानु, घडीअर्वा छठपूजा व्यवस्थापन समिति के पूर्व अध्यक्षलोग राजेन्द्र प्रसाद गुप्ता, प्रमानन्द साह कानु, रामनगीना साह कानु, मदन प्रसाद गुप्ता, बाल्मिकी साह, हिरा साह कानु, प्रेम साह कानु लगायत के भी सहभागीता रहल समिति के सचिव लखन साह कानु जानकारी देहनी ।






