बारा मे कुमारी बैंक के एटिएम फोरल गईल, पईसा सुरक्षित
बारा मे कुमारी बैंक के एटिएम फोरल गईल, पईसा सुरक्षित

बारा १० अगहन
बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१५ डुमरवाना मे रहल कुमारी बैंक के एटिएम मेसिन फोरके शनिचर के रात पईसा चोरी करेके प्रयास भईल बा । सुन्दरबस्ती मे रहल एटिएम मेसिन फोरला पर भी भल्ट फुटावे ना सकला के बाद चोर रोपेया चोरी करे ना मिलल ।
सटर के ताला फोडके भितर घुसल चोर एटिएम मेसिन फोरले रहलन । माकिर भल्ट फुटावे ना सकला के चलते पईसा सुरक्षित रहल बैंक के कहनाम बा । बैंक के शाखा प्रवन्धक पंकजकुमार उपाध्याय एटिएम मेसिन के अवस्था देखला पर रोपेया चोरी करे ना मिलल जईसन देखल गईला पर भी पुलीस के उपस्थिती मे ’भेरिफाई’ करेके तइयारी हो रहल जानकारी देहनी ।
बैंक मे रहल सुरक्षागार्ड एतवार के सबेरे करिब ३ः३० बजे एटिएम मेसिन फोरल जानकारी मिलल रहे । सिसिटिभी क्यामरा बन्द अवस्था मे देखला के बाद जाँच करेके समय मे सुरक्षागार्ड एटिएम राखल सटर आ मेसिन फोरल अवस्था मे देखले रहलन । बैंक के मुताविक रात १ः५० बजे से सिसिटिभी क्यामरा बन्द अवस्था मे बा । सटर फोरला के बाद क्यामरा फुटाके चोर एटिएम मेसिन फोरेके प्रयास कईले रहलन ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरीक्षक प्रदीपबहादुर क्षेत्री एटिएम मेसिन फोडेवाला के खोजी हो रहल बतवनी । सिसिटिभी फुटेज के आधार मे पुलीस अनुसन्धान कर रहल क्षेत्री बतवनी ।





