गाँजा तस्कर के पकडे गईल पुलीस के पेस्तोल भुलाईल
गाँजा तस्कर के पकडे गईल पुलीस के पेस्तोल भुलाईल

बारा ११ बैशाख
बारा के अमलेखगञ्ज स्थित इलाका प्रहरी कार्यालय के प्रमुख प्रहरी वरिष्ठ नायव निरीक्षक पूज्य बिसी सँगे रहल पेस्तोल भुलाईल बा ।
जितपुरसिमरा–२२ स्थित चकरी जंगल क्षेत्र से बिसी से राखल पेस्तोल सोमार के दिने भुलाईल बा । उ पेस्तोल मे १० राउन्ड गोली लोड कईल बा । अवैध लागूऔषध गाँजा ढुवानी हो रहल सूचना मिलला के बाद बिसी के नेतृत्व मे पुलीस के टोली चकरी क्षेत्र मे पुगल रहे ।
उहे समय मे गाँजा तस्कर के चहेटेके खोजला पर पेस्तोल भुलाईल कहके जानकारी आईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने बतवनी । ‘अपरेशन के समय मे पेस्तोल भुलाईल कहके जानकारी आईल बा’, प्रवक्ता न्यौपाने कहनी, ‘अभी उ पेस्तोल के खोजी करेके काम हो रहल बा ।’ पुलीस के टोली चकरी जंगल क्षेत्र मे पेस्तोल खोजी कर रहल बा ।






