खेलाडी आ फुटबल क्लव हमरा खोजी, हम खोजे ना जाएम : संयोजक एम समुल्लाह
खेलाडी आ फुटबल क्लव हमरा खोजी, हम खोजे ना जाएम ः संयोजक एम समुल्लाह

प्रभु यादव
बारा ०३ जेठ
कलैया उपमहानगरपालिका के नगर खेलकुद समिति के संयोजक एम समुल्लाह खेलाडी आ फुटबल क्लव हमरा के खोजेके परल हमरा खोजेके जरूरी ना रहल बतावले बानी ।
दुसरका नगर स्तरीय फुटकल खेलकुद के नगर खेलकुद समिति से आयोजना मे होरहल बा अधिक टिम बाहर से भईल जनकारी लेहला पर संयोजक एम समुल्लाह उ बात जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के पहिलका नगस्तरीय फुटबल प्रतियोगिता मे दुसरका भईल सहजोगी फुटबल क्लव कलैया के संयोजक एम समुल्लाह खेलकुद क्लव ना हवे कहि दर्ता ना बा कहत उपहास कईले रहनी ।
सहयोग फुटबल कल्व के अध्यक्ष बिनोद साह कलैया उपमहानगरपालिका के नगर खेलकुद समिति के आपन मनोमानी आ एकलौटी कामकाज से खेलकुद मे फुटबल क्लव सभे छुटल जनकारी करावले बानी । नगर खेलकुद समिति पार्टीगत बनावल बा आ न्यायसगत ना होके ना कवनो नीति नियम ना कार्यविधि बनल बा अध्यक्ष बिनोद साह जनकारी करावले बानी । कलैया फुटबल क्लव के पूर्व अध्यक्ष कुलदिप ठाकुर नगर भर मे खेलकुद के विकास करेला छिपल के लियाके अगाडि बढेके जगह मे गैरजिमेवार बनल नगर खेलकुद समिति जनकारी करावले बानी ।
कलैया जेसिज के अध्यक्ष पवन कुशवाहा कलैया उपमहानगरपालिमा मे खेलकुद समिति ना बहुते समिति सब नीति नियम विपरित बनावल गईल आरोप लगावले बानी ।
नगर खेलकुद समिति के सदस्य दिनदयाल साह नगर कार्य समिति मे कवनो जनकारी ना रहल का आज फेन से जानकारी करावला पर अपने फुटबल खेल मे आईल बानी बतावनी । कलैया मे मेयर कप क्रिकेट खेल होरहल बा जवना के सम्बन्ध मे नगर खेलकुद समिति मे कवनो जनकारी ना भईल सदस्य साह सिकायत ककईले बानी ।
नगर खेलकुद समिति बनावे मे प्राविधिक भुल भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह स्वीकार कईले बानी । नगर खेलकुद समिति गठन भईल प्रक्रिया सब के खोजविन करेला कलैया फुटवल क्लव के सदस्य सभे पालिका प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह से लिखित माग करत पत्र बुझवले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर रौशन प्रविण के पति एक समुल्लाह खेलकुद समिति संयोजक रहल बानी ।






