गरीब कुर्मी परिवार के बेटी के बियाह में कानु युथ बनल सहारा, २५ हजार के राशन सामग्री सहयोग
गरीब कुर्मी परिवार के बेटी के बियाह में कानु युथ बनल सहारा, २५ हजार के राशन सामग्री सहयोग

कलैया ११ बैशाख
समाजसेवा के मिसाल पेश करत कानु युथ द्वारा बारा जिला के कलैया उपमहानगरपालिका–३ भवानीपुर निवासी आर्थिक रूप से कमजोर एगो कुर्मी परिवार के बेटी के बियाह खातिर २५ हजार रुपया बराबर के खाद्य सामग्री सहयोग कइल गइल बा।
जानकारी अनुसार, परिवार के बेटी के बैशाख १२ गते हिन्दू परंपरा अनुसार बियाह तय रहल, बाकिर आर्थिक अभाव के चलते तैयारी में दिक्कत हो रहल रहे। एह स्थिति के देखत कानु युथ वीरगंज आगे बढ़ल आ जरूरी सामग्री उपलब्ध करववलस।
कानु युथ के सचिव श्रवण साह बतवनी कि समाज में रहल गरीब, असहाय आ जरूरतमंद परिवार के सहयोग करे संस्था के मुख्य उद्देश्य बा। उ कहलन कि एह तरह के काम से समाज में सकारात्मक सन्देश जाला।
सहयोग सामग्री में २ बोरा चाउर, २० किलो मसुर दाल, २० किलो चीनी, १ बोरा आलू, २० किलो पियाज, १ जार रिफाइन तेल, १ टिन सरसो तेल, २० किलो मैदा, १० किलो बेसन, २ गो ग्यास सिलिन्डर आ हरियर तरकारी शामिल रहल।





