विद्युतीय कारोबार ऐनअन्तर्गतको मुद्दामा दुवै पत्रकार आफैँ अदालतमा उपस्थित, पर्सा जिल्ला अदालतले साधारण तारेखमा राख्ने आदेश
विद्युतीय कारोबार ऐनअन्तर्गतको मुद्दामा दुवै पत्रकार आफैँ अदालतमा उपस्थित, पर्सा जिल्ला अदालतले साधारण तारेखमा राख्ने आदेश

वीरगंज ३ भदौ
वीरगंज चिनी कारखाना फेरु सञ्चालन करे के चर्चा चलत बा, बाकिर वीरगंज महानगरपालिका–१४ के वडा अध्यक्ष महबुब एलाही अन्सारी कारखाना सञ्चालन के प्रस्ताव तत्काल रोकल खातिर स्थानीय सरकार से पहल करे के माग कइले बाड़न।
वडा अध्यक्ष अन्सारी के कहल बा कि चिनी कारखाना वीरगंज महानगरपालिका के बीच बजार आ बाक्लो बस्ती क्षेत्र में पड़ेला। अइसन स्थान पर चिनी कारखाना सञ्चालन भइला पर वातावरण प्रदूषण बढ़े के साथे स्थानीय नागरिक के स्वास्थ्यमा समेत गम्भीर असर पड़े के खतरा बा।
उहाँ कहलन, “ई कारखाना हमार वार्ड में पड़ेला। पहिले कारखाना सञ्चालन होत रहे त प्रदूषण के समस्या हमनी खुद भोगले आ अनुभव कइले बानी। अब फेरु ओही समस्या दोहरावे के काम उचित नइखे।”
अन्सारी के अनुसार उद्योग सञ्चालन आ विकास जरूरी बा, बाकिर बस्ती के बीचमा प्रदूषण फैलावे वाला उद्योग सञ्चालन करे से पहिले स्थानीय जनता के स्वास्थ्य, वातावरण आ भविष्य के बारे में गम्भीर रूपमा सोचल जरूरी बा।
उहाँ स्थानीय सरकार के ध्यानाकर्षण करावत कहलन कि वीरगंज चिनी कारखाना खोलल जाए के प्रस्ताव पर तत्काल रोक लगावे खातिर आवश्यक पहल होखे के चाहीं। कारखाना सञ्चालन करे के निर्णय भइला से पहिले वातावरणीय प्रभाव, जनस्वास्थ्य आ स्थानीय बस्ती पर पड़े वाला असरबारे वैज्ञानिक अध्ययन करे के माग समेत उहाँ कइले बाड़न।
वडा अध्यक्ष अन्सारी कहलन कि वीरगंज के बीच बजार आ घना बस्ती क्षेत्र में प्रदूषणकारी उद्योग सञ्चालन कइल जनता के स्वास्थ्य आ वातावरणका दृष्टिकोण से उचित ना होई।
“हमनी के चाहत बानी कि विकास होखे, उद्योग खुले, रोजगार सिर्जना होखे; बाकिर जनता के स्वास्थ्य के कीमत पर कवनो विकास स्वीकार ना होई,” अन्सारी के भनाइ बा।
उहाँ स्थानीय सरकार, सम्बन्धित निकाय आ सरोकारवाला पक्ष से चिनी कारखाना पुनः सञ्चालन करे के विषयमा गम्भीर समीक्षा करे आ स्थानीय बासिन्दा के हितलाई प्राथमिकता देवे के आग्रह कइले बाड़न।
ॐ






