वीरगंज के १४ उद्योग प्रदूषण नियन्त्रण करेमे सहमत

वीरगंज ०७ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका–३२ चोर्नी क्षेत्र मे रहल उद्योगसब प्रदूषण नियन्त्रण के खातिर सहमत भईल बाडन । चोनी क्षेत्र मे सञ्चालित १४ गो उद्योग के प्रतिनिधि से आपन उद्योग से निकलेवाला फुहर व्यवस्थापन करेके वाचा कईले बाडन ।

स्थानीय के उजुरी के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेले के उपस्थिति मे कार्यकक्ष मे मंगर के दिने सरोकारवाला के बईठक बईठल रहे ।

बईठक मे सभी कम्पनीसब १ महिना भितर आपन–आपन ट्रिटमेन्ट प्लान्ट बनाके फुहरमैला के व्यवस्थापन करेके, सभी कम्पनीसब स्थानीय जनतासब के प्राथमिकता मे राख के रोजगारी उपलब्ध करावेके, सडक निर्माण के खातिर वीरगंज महानगरपालिका से समन्वय करके काम अगाडि बढावे खातिर पहल करेके, सडक के पीच ना होखे तक सभी कम्पनीसब के सहजोग मे देवेके कम्ती मे तीन बेर ट्याङकी से पानी डालके धुरा के व्यवस्थापन करेके, प्रारम्भिक वातावरण परीक्षण (आईईई) ना करके सञ्चालन भईल कम्पनीसब एक महिना भितर आईआइई करके उद्योग सञ्चालन करेके आ कोभिड संक्रमण के प्रभाव तथा संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर सभी तोकल उद्योगसब से स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड पालना करके काम करेके सहमति जनवले बाडन ।

बईठक मे सहभागी जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य रम्भा मिश्र उद्योगी तथा उद्योग के प्रतिनिधिलोग वातावरण प्रदूषण नियन्त्रण के खातिर सहमत भईल बतवनी । ‘एकरा से पहिले स्थानीय के सिकाईत सहित जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझावल गईल रहे, प्रशासन उद्योगी आ प्रतिनीधिलोग से छलफल करवले बा ।’ कहत उ ‘प्रदूषण नियन्त्रण आ भारतीय मजदुर से भी स्थानीय मजदुर के प्राथमिकता देवेके पडि कहके हमनी के अडान रहे । उलोग ओमे सहमत भईल बाडन ।’ सहमति मुताविक काम ना भईला पर खुद उद्योग के कारबाही के खातिर जरुरी कदम चालेके उनकर कहनाम बा ।

चोनी क्षेत्र मे गौतम स्टिल्स, दुर्गा पेपर, रुक्मिणी ईन्डष्ट्रिज, विशाल नट बोल्ट, अन्नपूर्ण रोलिङ मिल्स, जय बजरंग, स्टार आइरन एण्ड स्टिल इन्डष्ट्रिज, गंगोत्री स्टिल, फारचुन स्टिल, जय माता दि स्टिल, सत्यम गोदाम, मारुती पेपर प्लान्ट, भास्कर हर्बल, बेफु फेंग लेदर लगायत के उद्योग सञ्चालन मे बा ।

ई उद्योगसब से निकल रहल फुहर, धुवा, धुरा जईसन फुहरजन्य पदार्थ से वातावरण आ मानव जीवन मे असर पडल सिकाईत स्थानीय प्रशासन समक्ष कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।