वीरगंज के सफाई कर्मचारी भइलें आंदोलित, घण्टाघर चउक पर फेंकल गइल कचरा
वीरगंज के सफाई कर्मचारी भइलें आंदोलित, घण्टाघर चउक पर फेंकल गइल कचरा

वीरगंज १४ असार
हाल के दिनन में सफाई आ हरियाली खातिर चर्चा में रहल वीरगंज महानगरपालिका अब सफाई कर्मचारी लोग के आंदोलन के चलते फेरु चर्चा में आ गइल बा। मजदूरी बढ़ावे, श्रमिक अधिकार सुनिश्चित करे आ प्रशासनिक सुधार के माँग करत सफाई कर्मचारी लोग एतवार के बिहान वीरगंज के घण्टाघर चउक पर कचरा थुपार के जोरदार प्रदर्शन कइलस।
मुख्य चउक पर कचरा फेंकला से आवागमन प्रभावित हो गइल आ पूरा इलाका में दुर्गंध फइल जाए के खतरा बढ़ गइल बा। आंदोलनकारी कर्मचारी लोग के कहनाम बा कि मौजूदा पारिश्रमिक में घर-परिवार चलावल मुश्किल हो गइल बा, एह से रोज के कम से कम १ हजार रुपइया मजदूरी आ महीना के ३० हजार रुपइया तलब सुनिश्चित कइल जाव।
सफाई कर्मचारी लोग महानगरपालिका पर समय पर तलब ना देवे के आरोप लगावत कहलस कि हर महीना के १० तारीख से पहिले भुगतान अनिवार्य होखे के चाहीं। एकरा साथे श्रम ऐन अनुसार हफ्ता में एक दिन छुट्टी, आ छठ आ होली जइसन बड़ा पर्व पर विशेष बिदा देवे के माँग उठावल गइल बा।
आंदोलनकारी लोग के ई भी कहनाम बा कि कर्मचारी लोग खातिर ड्रेस आ परिचयपत्र के व्यवस्था अबले नइखे भइल। ओह लोग के माँग बा कि काम के दौरान सुरक्षा आ पहिचान खातिर महानगर तत्काल यूनिफॉर्म आ आईडी कार्ड उपलब्ध करावो।
एह आंदोलन के दौरान कर्मचारी लोग महानगर के आंतरिक व्यवस्था पर भी गंभीर सवाल उठवले बा। सफाई कार्य देखे वाला ‘नाइके’ लोग पर मनमानी, धमकी आ घूसखोरी के आरोप लगावत कर्मचारी लोग कहलस कि झूठ आरोप लगा के काम से हटावल जाला आ फेर घूस लिहला के बाद दोबारा काम पर राखल जाला।
“गरीब कर्मचारी लोग के डर देखाके पैसा वसूलल जात बा। ई भ्रष्टाचार बंद होखे के चाहीं,” आंदोलन में शामिल एक सफाई कर्मचारी बतवलें।
उधर, घण्टाघर चउक पर जमा कचरा के चलते स्थानीय व्यापारी आ आम नागरिक परेशान देखाइलें। वीरगंज महानगरपालिका प्रशासन कहलस कि आंदोलनकारी पक्ष से वार्ता चल रहल बा आ जल्दे समाधान निकाल के शहर के सफाई व्यवस्था सामान्य बनावल जाई।





