कतार एयर से आईल बारा के दु जने क्वारेन्टाइन मे
बारा १२ चईत,
चईत ४ गते कतार एयरवेज से आईल बारा के दु जने के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
बारा के कलैया–२० बसतपुर के २९ बरीस के आ रौतहट घर भईल कलैया–७ बरेवा रहेवाला ३३ बरीस के युवक के क्वारेन्टाइन मे पठावल गईल बा ।
एके जहाज मे आईल एक युवती मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद उलोग के खोजी शुरु कईल रहे । मंगर के दिन के उलोग के पुलीस खोज के अस्पताल मे लिआईल रहे ।
कलैया अस्पताल मे जरुरी चेकजाँच के बाद अस्पताल के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
अस्पताल के चिकित्सक से देहल जानकारी मुताविक उलोग मे कोरोना भाइरस संक्रमण के कउनो भी लक्षण नइखे देखल गईल । कलैया अस्पताल मे १३ जने के राखे सकेवाला किसिम से क्वारेन्टाइन बनावल गईल बा ।
एने वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ५ जने क्वारेन्टाइन मे बाडन । अस्पताल से देहल जानकारी मुताविक उलोग मे कोरोना भाइरस संक्रमण के लक्षण देखल गईल नइखे ।
अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय ग्रामीण क्षेत्र मे भारत से आवेवाला मरेजी के अस्पताल पठावे के प्रचललन देखल गईल कहत स्थानीय स्वास्थ्यकर्मी के सहजोग मे शंकास्पद आदमी के पहिचान करके मात्र पठावे खातिर निहोरा कइनी ।






