छौ वाँ कोरोना संक्रमित बागलुङ के ६५ बरीस के बुढ

काठमाण्डु २० चईत,
नेपाल के छौ वाँ कोरोना संक्रमित जनानी बागलुङ के रहल खुलल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा बियफे के दिने कोरोना संक्रमण के नतिजा पोजेटिभ आईल मरेजी बागलुङ के ६५ बरीस के बुढ रहल पुष्टि कइनी ।
उ नेपाल के दुसरका कोरोना संक्रमित काठमाण्डु के १९ बरीस के युवती आईल कतार एयरवेज के क्युआर ६५२ मे चईत ४ गते नेपाल आईल रहनी । उ जहाज मे आवेवाला तीन जने मे नेपाल मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बियफे के दिने स्वास्थ्य मन्त्रालय मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रवक्ता देवकोटा नेपाल मे छौ वाँ कोरोना संक्रमित मिलल जानकारी करवले रहनी ।
अभी तक घर मे रहल उनका के अस्पताल लियावे के तइयारी हो रहल चिकित्सकलोग बतवले बाडन ।






