नेपाल परिवार दल बारा राहत बँटलख

प्रभु यादव
बारा २२ बैशाख
नेपाल परिवार दल बारा शाखा से देवताल गाँवपालिका मे राहत देहल गईल बा ।
दल के बारा अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी के अध्यक्षता मे आ देवताल गाँवपालिका के सहकार्य मे सम्पुर्ण वार्ड मे दैनीक ज्यालादारी कर के खाएवाला गरिब,अति बिपन्न आ एकल जनानी लोग के खाद्यान्न सामग्री देहल गईल बा ।
अध्यक्ष चौधरी के अनुसार ५० जने के राहत सामान चाउर १५ किलो, दाल १.५ किलो, नुन १ किलो हरेक आदमी के देहल गईल बा ।
राहत बितरण कार्जक्रम मे नेपाल परिवार दल बारा के सचीव अछेलाल राम, सदस्य गान्धी सहनी, कनक चौधरी, किशोरी गिरि, बिनोध चौधरी लगायत के उपस्थिति रहल नेपाल परिवार दल बारा के प्रवक्ता उपेन्द्र प्रसाद पासवान से प्रेस बिज्ञप्ति जारी कर के जानकारी देहले बानी ।






