१७ संक्रमित मिलला के बाद वीरगंज के अनेकन क्षेत्र सिल

वीरगंज २४ बैशाख,

वीरगंज मे आजु एके दिन १७ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईला के बाद स्थानीय प्रशासन संक्रमित मिलल क्षेत्र सिल कईले बा ।

जिल्ला प्रशानसन कार्यालय वीरगंज महानगरपालिका के छपकैया क्षेत्र आ आरीपाछि के कुछ क्षेत्र सिल करेके निर्णय कईले बा ।

कोभिड १९ के संक्रमण फईले से रोके खातिर पूर्व मे रजत जयन्ती चौक, इदगाहचौक, छपकैया बिट चौक, मालपोत चौक, पश्चिम मे छपकैया बजार चौक, सर्सिया पुल चौक, सिर्सिया भन्सार, उत्तर ओरी एम बि एस स्कूल, पानी ट्यांकी चौक, युक्तिसुधार केन्द्र, बहिपुल, दक्षिण ओरी वी.म.न.पा. वार्ड नम्बर १ आ २ के मित्र राष्ट्र भारत से सीमा जुडल सीमा क्षेत्र सहित वार्ड नम्बर १, २ आ ३ के इलाकासब समेट के सिलबन्दी करेके जनावल गईल बा ।

आजु पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बईठल जिल्ला सुुरक्षा समिति के बईठक से अनेकन क्षेत्र के सिल कईला के साथे लकडाउन आउर कडा बनावे के निर्णय कईले बा ।

एहितरे कोभिड १९ पोजेटिभ देखल गईल आदमीसब के सम्पर्क मे आईल सभी आदमीस के शीघ्र कन्टुयाक्ट ट्रेसिङ करके चेकजाँच तेज करेके, अत्यावश्यक काम बाहेक कउनो भी आदमी के घर बाहिर निकले मे रोक लगावे के निर्णय सुरक्षा समिति कईले बा ।

१७ जने के एके बेर कोभिड–१९ पोजेटिभ देखल गईला के बाद अवस्था के विश्लेषनात्मक समीक्षा के बाद अनेकन क्षेत्र के सिल करेके आ लकडाउन मे कडाई करेके निर्णय कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।