बारा–पर्सा के उद्योगीलोग उद्योग सञ्चालन के खातिर मँगलें अनुमति

वीरगंज २५ बैशाख
लकडाउन मे ४२ किसिम के उद्योग खोले सकेके भईला के बाद बारा–पर्सा औद्योगिक करिडोर के उद्योगसब खोलेके तइयारी हो रहल बा ।
उद्योग खोले खातिर उद्योग सम्बन्धित जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन देवेके जनावल गईल बा ।
प्रशासन कार्यालय टोली खटाके काम करेवाला मजदुर कर्मचारी के खातिर जरुरी आवासीय सुविधा आ खाना के प्रबन्ध के बारे मे बुझ के मात्र सञ्चालन अनुमति देवेके तइयारी कईले बा । लकडाउन मे खुलेवाला उद्योग सरकार से तोकल शर्त पालना करेके पडि ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा से देहल जानकारी मुताविक ८ गो उद्योग खोलेके अनुमति मँगले बाडन ।
जउना मेसे तीन गो उद्योग के अनुमति देहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
“उद्योग खोलेके मिलो कहके हमनी के ८ गो उद्योग निवेदन देहले रहलन, जउना मेसे तीन गो उद्योग के सञ्चालन अनुमति देहल गईल बा ।”
कहत प्रजिअ पण्डित, “बाँकी ५ गो उद्योग के अनुगमन करे खातिर टोली खटावल बा, उलोग के रिपोर्ट के आधार मे निर्णय कईल जाई ।”
सञ्चालन अनुमति मिलल उद्योग भी आंशिक मात्र सञ्चालन मे आवेके प्रजिअ पण्डित बतवनी ।
“लकडाउन के चलते फुल फेज मे उद्योग चले सकेके अवस्था नइखे, जउना से कर्मचारी के मात्र बसोबास के व्यवस्था मिलावल जाई, कोरोना भाइरस विरुद्ध जरुरी सतर्कता अपनावल जा सकता । उनका के मात्र सञ्चालन अनुमति देवे लागल बानी” कहके बतवनी ।
प्रशासकीय अधिकृत, सुरक्षा निकाय के अधिकारी, अनुसन्धान के कर्मचारी, सम्बन्धित वार्ड के अध्यक्ष लगायत सरोकारवाला निकाय के प्रतिनीधि स्थलगत निरीक्षण के बाद सञ्चालन अनुमति देरहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जनवले बा ।
अनुमति मिलेवाला उद्योग मे हुलास स्टिल, जगदम्बा स्टिल आ सुर्य नेपाल प्राली रहल बा ।
४ सय ५० कर्मचारी भईल सूर्य नेपाल दु सिफट मे ८०÷८० जने, १५ सय कर्मचारी रहल जगदम्बा स्टिल एक शिफट मे २ सय ५० आ हुलास स्टिल पाइप बनावेवाला प्लान्ट मे १ सिफट मे १० जने मजदुर मात्र खटावेवाला किसिम से सञ्चालन अनुमति लेहल गईल बा ।
लकडाउन के चलते ई क्षेत्र के ७० प्रतिशत उद्योग बन्द बा । खाद्यान्न, दवाई लगायत जरुरी सामान उत्पादन करेवाला उद्योग बाहेक के उद्योग बन्द बा ।
उद्योग सञ्चालन मे सहजोग करे खातिर संघ के निहोरा
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ सरकार से निश्चित प्रकृति के उद्योग सञ्चालन करे देवेके निर्णय के स्वागत कईले बा ।
सँगे उ लकडाउन के समय मे उद्योग सञ्चालन मे देखाई देवे सकेवाला समस्या के बारेमे जिल्ला प्रशासन कार्यालय के ध्यानाकर्षण करावे के तइयारी बा ।
संघ श्रमिक के सहज उपलब्धता तथा उद्योगीलोग के कार्यालय से कारखाना आ कारखाना से कार्यालय जाए आवे मे सहज वातावरण होखेके माग कईले बाडन ।
प्रेस वक्तव्य जारी करत संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया कच्चा पदार्थ उद्योग तक लेजाए आ उद्योग से उत्पादिन समान के बजार तक लेजाए खातिर जरुरी प्रबन्ध मिलावे खातिर भी माग कईले बाडन ।
उद्योग मे कार्यरत श्रमिक कामदारलोग पर्सा के मात्र ना होके बारा आ रौतहट जिल्ला के भी रहला से उलोग के लियावे खातिर फरक फरक जिल्ला से गाडी, श्रमिक तथा कामदारके पास लेवेके व्यवस्था के बदले एके जगहा से लेवे सकेके व्यवस्था मिलावे खातिर उलोग सम्बन्धित निकाय से निहोरा कईले बाडन ।
“उद्योग सञ्चालन कर कहके मात्र ना होखी, उद्योग कहल मेशिन, आदमी आ भवन मात्र ना, एकरा सँगे बहुते विषयसब जुडल रहेला ।
ओकरा खातिर श्रमिक कामदारलोग के सहज उपलब्धता, उद्योगीलोग के सहज आवागमन के प्रबन्ध, सञ्चालन पुँजी के उपलब्धता, कच्चा पदार्थ आ तइयारी माल वस्तु के ढुवानी के खातिर सम्बन्धित निकाय से जरुरी बन्दोबस्ती करेके पडि,” अध्यक्ष केडियाद्वारा जारी विज्ञप्ती मे कहल बा ।
कोरोना भाइरस संक्रमण के डर के चलते कैयन श्रमिक मजदुर काम मे फिर्ता आवेमे भी इच्छुक ना भइल अवस्था रहल उद्योगीलोग बतवले बाडन । उल्था अनलाईन






