सीमा मे तारजाली नइखे लगावल गईल : ठोरी गा.पा. अध्यक्ष श्रेष्ठ

मेघराज राय

जीराभवानी ०२ जेठ

पर्सा जिल्ला के ठोरी स्थित नेपाल भारत सीमा मे तारजाली ना लगावल गईल गाँवपालिका स्पष्ट कईले बा ।

सीमावर्तीय भारतीय जंगल से जनावर आवेके आ बालीनाली नोक्सान करेवाला भईला से तारजाली लगावल गईल बा, सीमा मे कउनो किसिम के तारजाली ना लगावल गईल गाँवपालिका स्पष्ट कईले बा ।

ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ नेपाल भारत सीमा के दशगजा मे तारजाली लगावल कहके बिषय मे सत्यता ना रहल बतवनी ।

उ भारत से सीमा जुडल उ क्षेत्र मे जङ्गली जनावार आवेवाला भईला से तारजाली लगावल बतवनी ।

“तारजाली पहिले हि लगावल बा माकिर सीमा अतिक्रमण रोके खातिर नइखे लगावल गईल” कहत उ, “ई हमनी से मात्र करेवाला बिषय ना ह ।

भारतीय जङ्गल से जनावर आके बाली नोक्सान करत अईला से ओकरा के रोके खातिर तारजाली लगावल गईल बा ।”

अन्तर्राष्ट्रिय कानुन मुताविक दशगजा क्षेत्र छोडके तार लगावल कहके बिषय भी सत्य ना भईल उ बतवनी ।

उ जङ्गल से जनावर रोके खातिर तारजाली लगावल बिषय के चढाबढा के समाचार आईल हो सकता ।

“केहु ई विषय के चढाबढाव करके कुछो लिखले होई त हमरा जानकारी नइखे कहत वास्तविकता इहे ह कि जनावर से बाली बँचावे खातिर तारबार कईल बा ।”

उ सीमा अतिक्रमण रोके खातिर तारबार लगावे सकला पर बढिया होखेवाला भईला पर भी इहाँ सीमा काँडेतार लगावल कहके बिषय मे कउनो सत्यता ना भईल बतवनी ।

सीमा अतिक्रमण रोके खातिर तारबार करेके बिषय बढिया ह कहत उ, माकिर इहाँ जउन उद्देश्य से तारबार कईल बा उ कहेके पडल, ना भईल बात के काहे चढाबढा के लिखल जा रहल बा ?
ओने ठोरी गाँवपालिका ३ के वार्ड अध्यक्ष सुर्य लामा जङ्गली जनावर रोके खातिर काँडेतार लगईला पर भी ओकरा से सीमा अतिक्रमण रोके खातिर भी सहजोग पुगेके विश्वास रहल बतवनी ।

सीमावर्ती भारतीय जंगल से जनावर आवेके आ बालीनाली नोक्सान करेवाला भईला से गाँवपालिका वार्ड नं ३ मे काँडेतार लगावल शुरु कईल बा ।

आर्थिक बरीस २०७४÷०७५ से हि भारतीय जंगल से आवेवाला जनावर रोके खातिर काँडेतार लगावल सुरु कईल बा ।

भारतीय जंगल से आवेवाला जनावारसब नेपाल ओरी रोपल बालीनाली नोक्सान करेवाला भईला से तारजाली लगावल गईल बा ।

गाँवपालिका के बजेट मे दशगजा पिल्लर नं. ४३५÷१ से ४३१÷४ तक करीब ५ किलोमिटर क्षेत्र मे तारबार कईल बा ।

उ तारबार करे खातिर गाँवपालिका वार्ड नं. ३ के आर्थिक बरीस मे ३३ लाख बजेट उपलब्ध करावल बा । गाँ

आर्थिक बरीस २०७४÷०७५ मे १५ लाख, २०७५÷०७६ मे १० लाख आ चालु आर्थिक बरीस मे ८ लाख बजेट उपलब्ध करावल गईल रहे ।

एहितरे ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ आ ३ के दोसाँध मे रहल ठुटे खोला के पुल बन के तइयारी भईला लगभग ३ बरीस बितला पर भी भारतीय अवरोध के चलते अभी तक प्रयोग मे ना अईला से सिमानाका मे तारबार लगावल हास्यस्पद रहल ठोरी गाँवपालिका के बुद्धिजिवी आ जानकारलोग के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।