प्रदेश नं २ मे कोरोना सङ्क्रमित के संख्या १०३ पुगल
जनकपुरधाम, ३ जेठ
प्रदेश नं २ मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या १०३ पुगल बा ।
एकरा से पहिले प्रदेश मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या ९९ रहे आ शुक के सँझिया स्वास्थ्य मन्त्रालय से सार्वजनिक कईल ९ नयाँ सङ्क्रमित मेसे पर्सा के चार जने बाडन ।
उ मिला के ई प्रदेश मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या अब १०३ पुगल बा ।
थपाईल चार जने मे पर्सा के वीरगंज–९ रहेवाला ९ आ १० बरीस के करके दु लईका आ २३ आ २७ बरीस के दु जने जनानी बाडि ।
धनुषा के १७ बरीस के एक किशोरी मे कोरोना के सङ्क्रमण भईल टेकुस्थित जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला बियफे के दिने पुष्टि कईले रहे ।
जनकपुर के रमानन्दचोक मे घर भईला पर भी तत्काल उ काठमाण्डु मे बानी ।
उनकर टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवारोग अस्पताल मे ईलाज हो रहल सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव डा रामप्रसाद घिमिरे जानकारी देहले बानी ।
ई प्रदेश मे कोरोना भाइरस के रोकथाम तथा ईलाज मे तेजी देवे खातिर स्वाब के नमूना सङ्कलनकाम व्यापकरूप मे अगाडि बढावल गईल बा ।
दु दिन के समय मे एक हजार के स्वाब सङकलन करेके नीति मुताविक पर्सा मे ‘कन्टयाक्ट टे«सिङ’ कईल मेसे ३५० जने के स्वाब सङ्कलन शुक के दिने भईल आ ३६० जने के स्वाब सङ्कलनकाम जारी बा ।
एहितरे बारा के कलैया अस्पताल मे सञ्चारकर्मी आ स्वास्थ्यकर्मी के १०० से बेसी के स्वाब सङ्कलन कईल बा ।
रौतहट के गौर नगरपालिका के गौरी क्याम्पस, राजदेवी नगरपालिका–२, राजपुर नगरपालिका–९ आ चन्दनपुर नगरपालिका–१० के साथे महोत्तरी के जलेश्वर नगरपालिका मे भी स्वाब सङ्कलन हो रहल प्रदेश सचिव डा घिमिरे बतवनी ।
सप्तरी, सिरहा आ सर्लाही जिल्ला के जोखिमपूर्ण आदमी के पहिचान करके स्वाब सङ्कलन तइयारी कईल बा ।
ई प्रदेश मे कोरोना से सङ्क्रमित ९६ जने के ईलाज हो रहल बा ।
उ मेसे बीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ६३ पुरुष आ आठ जनानी करके ७१ आ वीरगंज स्थित सिद्धार्थ स्कूल के आइसोलेसनकक्ष मे रहल १३ पुरुष आ छ जनानी करके १९ जने के साथे जनकपुरस्थित प्रादेशिक अस्पताल मे पाँच आ सप्तरी के गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे एक सङ्क्रमित के ईलाज हो रहल बा ।
ई प्रदेश मे अभी तक मे चार हजार ९८० के स्वाब सङ्कलन कईला मे तीन हजार ८१७ के नतिजा नेगेटिभ आईल बा आ एक हजार ६४ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
ई प्रदेश मे अभी तक पाँच हजार ५१७ के आरडिटी परीक्षण कईल बा ।
प्रदेश नं २ के अनेकन क्वारेन्टाइन मे एक हजार ९१५ जने बाडन आ होम क्वारेन्टाइन मे चार हजार ६८८ आ आइसोलेसन मे १०८ जने रहल बाडन ।
एकरा साथे आइसोलेसनकक्ष के खातिर प्रदेश सरकार पहिचान कईल अस्पताल के पूर्ण तईयारी मरे खातिर निहोरा करत सचिव डा घिमिरे मरेजी अईला के बाद तइयारी करेवाला सोचाइ ना राखे खातिर ध्यानाकर्षण करवनी ।





