तीन सय भारतीय वीरगंज मे अलपत्र

वीरगंज ११ जेठ

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ स्थित आईसीपी गेट मे घर जाए खातिर वीरगंज से चलल तीन सय से बेसी भारतीय नागरिकलोग अलपत्र पडल बाडन ।

आपन देश फिर्ता जाएके आस मे वीरगंज महानगरपालिका–१७ स्थित आईसीपी गेट मे ४÷५ दिन से उलोग अलपत्र पडल बाडन ।

नेपाल के अनेकन जगहा से मजदुरी करके फिर्ता भईल उलोग के भारतीय सुरक्षाकर्मी से प्रवेश करे ना देहला के बाद बिचल्ली मे पडल स्थानीय वीरेन्द्र यादव बतवले बानी ।

उ कहनी कि, “नेपाल के अनेकन जगहा से आईल तीन सय से बेसी भारतीय नागरिकलोग अभी इहाँ बाडन ।

जउना मे पुरुष, जनानी से लेके बालबच्चा भी बाडन । कैयन जनानीलोग गर्भवती भी बाडि ।

उलोग के भारतीय सुरक्षाकर्मी भारत जाए नइखन देहले ।

उलोग के बिचल्ली अवस्था देखला के बाद चार दिन एने स्थानीय खिया रहल बाडन ।”

आईसीपी गेट मे भारत फिर्ता होखेवाला दिन पर दिन भिड बढे लागला के बाद स्थानीय मे संक्रमण फईलेके डर भी बढल यादव बतवनी ।

भारतीय नागरिक अईसे आईसीपी गेट मे भिड लागला पर संक्रमण फईलेके खतरा बढला के बाद पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ पर्सा के एसपी के भी ध्यानाकर्षण करावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।