मरेजी मे कोरोना संक्रमण ः गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के आकस्मिक कक्ष सिल

राजविराज ९ सावन

सप्तरी के राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के आकस्मिक (इमर्जेन्सी) कक्ष सिल कईल बा ।

ईलाज करा रहल सप्तरी के तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका के ५० बरीस के एक मरेजी मे अभी कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण देखल गईला के बाद अस्पताल के आकस्मिक कक्ष सिल कईल अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. रणजितकुमार झा बतवनी ।

अस्पताल मे कार्यरत ३२ बरीस के नर्स आ ३६ बरीस के सरसफाई कर्मचारी मे बितल बुध के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद नयाँ मरेजी भर्ना लेहल छोडल अस्पताल मे ईलाज करा रहल मरेजी मे भी शुक के सँझिया कोरोना देखल गईला के बाद आकस्मिक कक्ष सिल भईल बा ।

स्थानीय प्रशासन आ स्वास्थ्य कार्यालय, सप्तरी के जानकारी बिना भारत से कुनौली होत घर आईल राजविराज नगरपालिका–६ के ७३ बरीस के व्यापारी के सावन १ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि होते मातर मृत्यु भईल रहे ।

मृतक व्यापारी के सम्पर्क मे रहल सरसफाई कर्मचारी आ नर्स मे भी कोरोना पुष्टि भईला के बाद अस्पताल मे कार्यरत सभी चिकित्सक आ मरेजीलोग के पीसीआर परीक्षण कईला पर आउर एक मरेजी मे कोरोना पुष्टि भईल अस्पताल जनवले बा ।

नर्स आ सरसफाई कर्मचारी मे संक्रमण देखल गईला के बाद अस्पताल मे कार्यरत १ सय ९८ जने कर्मचारी, चिकित्सक तथा ४६ जने बिरामी के स्वाब पीसीआर परीक्षण कईल बा ।

जउना मेसे जहर पिके भर्ना भईल ५० बरीस के पुरुष मे आजु सँझिया कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । आउर कर्मचारी, चिकित्सक आ मरेजीलोग के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

आकस्मिक कक्ष मे भर्ना भईल मरेजी मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद स्वास्थ्यकर्मीलोग डराईल बाडन ।

आकस्मिक कक्ष के मरेजी मे कोरोना देखल गईला से कुछ समय के खातिर सेवा बन्द करे लागल जानकारी देत निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. झा आकस्मिक कक्ष बाहेक भर्ना भईल आउर मरेजीलोग के ईलाज आ सेवा चालु रहेके बतवनी ।

मृत्यु भईल आदमी के सम्पर्क मे आईल उनकर परिवार सहित २९ जने मे अभी तक कोरोना देखल गईल स्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा ।

मृतक परिवार के पाँच जने, उनकर दोकान के कामदार के परिवार के पाँच जने, दोकान अगाडि के चाय नास्ता दोकान के परिवार के चार जने, दोकान के आयव्यय के लेखा दुरुस्त करेवाला के परिवार के तीन जने, पडोसी दम्पति, उनकर कलेज के व्यवस्थापक आ मेहरारु, घर मे काम करेवाला सरसफाईकर्मी, मृतक के लियावे लेजाएवाला सवारी चालक लगायत मे कोरोना पुष्टि भइल बा ।

संक्रमित के संख्या बढ के ४ सय १९ पुगल जनावत स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव खुला सीमा के चलते एक व्यापारी परिवार के आदमीसब जानकारी ना देके घर मे आके रहललोग उनकर माध्यम से कल्पना हि ना कईल अवस्था सृजना भईल माकिर सभी के प्रयास से अवस्था नियन्त्रण मे आवेके विश्वास कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।