नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट उपाध्याय के सरुवा

वीरगंज ०१ भादो

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन परिवर्तन कईले बा । मन्त्रालय एतवार के दिने मन्त्रिस्तरीय निर्णय करत नारायणी अस्पताल के मेसु के जिम्मेवारी डा. सञ्जय ठाकुर के देहले बा ।

उ एकरा से पहिले वीर अस्पताल मे कार्यरत रहनी । अभी तक नारायणी के मेसु रहल डा मदनकुमार उपाध्याय के मन्त्रालय फिर्ता बोलवले बा ।

पिछिलका समय वीरगंज मे कोरोना के हटस्पट बनत गईल बा । अस्पताल के चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मी भी संक्रमित होखे लागला के बाद सेवा सञ्चालन करेमे भी समस्या भईल बा ।

कुछ दिन पहिले स्थानीय बतावेवाला अराजक तत्व अस्पताल मे घुस के तोडफोड कईला के साथे डाक्टर उपर भी आक्रमण के प्रयास कईले रहलन ।

मेसु डा उपाध्याय के कारीखा पोतेके प्रयास भी कईले रहलन ।

मन्त्रालय के सहसचिव रघुराम बिष्ट वीरगंज के पिछिलका अवस्था आ विद्यमान परिस्थिति के देख के उपयुक्त निर्णय लेहल गईल बतवनी ।

उ डा उपध्याय के अभी मन्त्रालय मे काज मे लियावल प्रतिक्रिया देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।