ट्याक्टर मे मोटरसाइकल ठोकईला पर दु जने के मृत्यु
जनकपुरधाम २० भादो
सिरहा मे रोक के राखल ट्याक्टर मे ठोकईला पर मोटरसाइकल मे सवार दु जने के मृत्यु भईल बा । एक जने गम्भीर घायल भईल बाडन ।
शुक के रात ८ बजे के समय मे सिरहा चौहर्वा सडकखण्डअन्तर्गत नरहा गाँवपालिका ५ मे बिगडा के बाद रोक के राखल ज १ त ४३२९ नम्बर के ट्याक्टर मे चौहर्वा से सिरहा ओरी आ रहल अनटेस्ट मोटरसाइकल ठोकईला पर दुर्घटना भईल सिरहा प्रहरी के प्रवक्ता बिनोद घिमिरे बतवनी ।
उ दुर्घटना मे गम्भीर घायल भईल मोटरसाइक मे सवार तीनु जने के ईलाज के खातिर लहान पठावल गईला पर भी दुनु जने के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे सिरहा नगरपालिका ५ रहेवाला बिसनदेव महतो के १९ बरीस के बेटा अमलेश महतो आ रामवृक्ष सदा के २१ बरीस के बेटा सुनिल सदा बाडन ।
मोटरसाइकल मे पछाडि सवार उहे जगहा के रामवृक्ष सदा के १९ बरीस के बेटा मिथिलेश सदा गम्भीर घायल भईल बाडन ।
उनकर लहान मे प्राथमिक ईलाज के बाद आउर ईलाज के खातिर बिराटनगर पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।




