
वीरगंज २३ भादो
वीरगंज मे सोमार के रात आउर एक संक्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १० गन्जभवानीपुर के ६० बरीस के संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के गण्डक बहुअरी स्थित वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ९ दिन से ईलाज करा रहल उ पुरुष के सोमार के रात १० बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।
मधुमेह आ मुटु के समस्या रहल उनका मे भादो १४ गते संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहे दिन वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ६० पुगल बा । सावन एनेमे मात्र ५६ जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ६० मेसे २ बेवारिसे पुरुष सहित पर्सा के ४२ जने, बारा के १३ जने, रौतहट के ४ जने आ सर्लाही के १ जने रहल बाडन ।






