प्रचण्ड–माधव समूहद्वारा आन्दोलन के घोषणा, १४ गते देशभर प्रदर्शन करी

काठमाण्डु ९ पुस

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के प्रचण्ड–माधव समूह संसद विघटनविरुद्ध आन्दोलन के घोषणा कईले बा ।

बियफे के दिने बईठल केन्द्रीय कमिटी बईठक से बिहान से सडक मे आन्दोलन मे उतरेके निर्णय कईले बा । काठमाण्डु मे बिहान से हि दैनिक रूप मे कउनो ना कउनो किसिम के विरोध करेके ई समूह के निर्णय बा ।

देशव्यापी प्रदर्शन १४ गते होखेके प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ प्रकाश बतवनी । उनका मुताविक काठमाण्डु मे मुख्य प्रदर्शन होखी । एकरा खातिर बाग्मती प्रदेश के सभी जिल्ला के राजधानी मे हि केन्द्रीत कईल जाई ।

एकरा बाद आउर सशक्त उच्चस्तरीय कार्जक्रम घोषणा करेके प्रवक्ता श्रेष्ठ बईठक मे जानकारी देहनी । उ कहनी, “ई नेपाल बन्द तक भी हो सकता ।”

आन्दोलन के खातिर श्रेष्ठ के संयोजकत्व मे २५०१ सदस्यीय जनआन्दोलन परिचालन समिति बनल बा । एकर सचिवालय भी बनावल जाई ।

बईठक से पुस १० गते माइतीघर मण्डला मे जम्मा होके संयुक्त पत्रसहित निर्वाचन आयोग मे जाएके आ २ बजे पत्रकार सम्मेलन करेके निर्णय कईले बा ।

११ गते ७ प्रदेश के प्रदेश कमिटी बईठक सम्बबन्धित प्रदेश मे करेके आ १२ गते ७७ जिल्ला मे जिल्लास्तरीय भेला निर्णय भईल बा ।

२० गते तक सभी नगर तथा गाँव आ २५ गते तक वार्ड स्तर मे बईठक एवं भेला करेके बईठक के निर्णय बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।