बिओपी भिखमपुर मुर्गी सहित मोटरसाईकिल पकडलख

पोखरिया ०८ फागुन
सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोस्ट भिखमपुर के टोली बितल रात पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के वार्ड नं २ आस्वारी से तीन गो मोटरसाइकल मे लोड रहल अबैध मुर्गा बरामद कईले बा ।
आजु सबेरे ७ बजे करिब भारत से तीन गो मोटरसाईकल मे अबैध मुर्गा लोड करके आसवारी नाका होत नेपाल ओरी लिया रहल अवस्था मे तीन गो मोटरसाइकल सहित अवैध कुखरा सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोस्ट भिखमपुर बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक किसमान तामाङ के नेतृत्व मे खटल टोली ३ सय पचास किलो मुर्गा बरामद कईले बा ।
बरामद कईल मुर्गा के अनुमानित दाम ४ लाख ७० हजार मुल्य बराबर के रहल तामाङ जानकारी देहनी । पकडाईल मुर्गा क्वारेनटाइन के प्रतिनिधि, भद्र भलादमी, सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी, पत्रकार लगायत के सहभागीता मे नोक्सान कईल गईल रहे ।





