भारत से उद्धार कईल ७ जने किशोरी के महोत्तरी लियावल गईलल

महोत्तरी १९ चईत

महोत्तरी से भुलाईल ७ जने किशोरी के भारत से उद्धार कईल बा । सशस्त्र प्रहरी आ नेपाल प्रहरी के संयुक्त टोली बुध के रात ११ बजे भारत से उलोग के उद्धार करके नेपाल लिआईल बा ।

भारत से उद्धार कईल उलोग के बुध के रात हि जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के जिम्मा लगावल गईल बा । घाँस काटेके कहके घर से निकलल उलोग मंगर से भुलाईल रहलन । सशस्त्र प्रहरी के इन्सपेक्टर बिर्खबहादुर शाही नेतृत्व के टोली भारतीय सीमा सुरक्षा बल से समन्वय करके उलोग के नेपाल लिआईल बा । किशोरीलोग के नेपाल लियावे खातिर नेपाल प्रहरी के सई आदित्य सिंह नेतृत्व के टोली भी नेपाल–भारत सीमा के भिट्टामोड पुगल रहे ।

किशोरीलोग के उद्धार मे पुगल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक शाही के मुताविक बिहार के सितामढीस्थित रेल्वे स्टेसन मे भारतीय प्रहरी किशोरी के मंगर के रात १० बजे के समय मे मिलला के बाद सशस्त्र पुलीस के खबर कईले रहे ।

भारतीय प्रहरी सँगे उलोग “गायिका बने” भारत गईल बतईला पर भी खुदसब सँगे उलोग कुछो ना बतावल बतवनी । शाही के मुताविक भारतीय गैरसरकारी संस्था चाइल्ड वेलफेर कमिटी (सीडब्लूसी) उलोग के बुध के दिनभर काउन्सेलिङ कईले रहलन । सीडब्लूसी आपन जिम्मा मे आईल किशोरीलोग के कम्ती मे भी एक हप्ता भा एक महिना काउन्सेलिङ करके मात्र परिवार के जिम्मा लगावे के नियम रहला के चलते रात अबेर उ संस्था के कन्भिन्स करके नेपाल लियावल शाही बतवनी ।

“भारतीय सुरक्षाकर्मी सँगे किशोरीलोग गायिका बने खातिर भारत जाए लागल बतवले रहलन । उहाँ रहला पर हमनी के टोली सँगे उलोग कुछो बतावेके ना चहलन,” कहत शाही, “हमनी भी उलोग के जेतना जलदी नेपाल लियावे खातिर उहाँ के अधिकारीलोग से समन्वय कइनी ।”

भंगाहा नगरपालिका–८ धर्मपुरा घर भईल किशोरीलोग भिट्टामोड से अटो चढ के बिहार के सितामढीस्थित रेल्वे स्टेसन पुगल मिलला पर भी उलोग खुदे गईल भा आउर केहु लेके गईल रहलन कहके खुले ना सकल उ बतवनी ।

घाँस काटे कहके घर से निकलल उलोग के आ कईसे उहाँ पुगवलन कहके अनुसन्धान के बाद मात्र खुलेके बतवनी ।

मंगर के दिन के घाँस काटे गईल २० बरीस के अस्मिता पासवान, ११ बरीस के अर्चना पासवान, १७ बरीस के नगीना पासवान, १३ बरीस के ज्योति पासवान, १२ बरीस के सीमा पासवान, १३ बरीस के रिया पासवान आ १२ बरीस के रंजना पासवान भुलाईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।