कोरोना के दुसरका लहर मे वीरगंज के अस्पताल मे ४३ जने के मृत्यु

वीरगंज २२ बैशाख
कोरोना महामारी के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज के अस्पताल मे ४३ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे बुध के दिने २ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईला के बाद चईत ३१ से वैशाख २२ गते बुध के सबेरे तक ४३ जने के मृत्यु भईल अस्पतालसब जनवले बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ३२, नारायणी बयोधा अस्पताल मे ५, नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना अस्पताल मे ५, आ गण्डक अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल बा ।
बुध के दिने बारा के महागढीमाई नगरपालिका–२ बरियारपुर के ५२ बरीस के पुरुष आ पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका– ३ के ४५ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा ।
बुध के दिन के १ः५० बजे वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे ५२ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. सरोजरोशन दास जानकारी देहनी । उ वैशाख २० गते कोरोना संक्रमण पुष्टी होके होम आइसोलेसन मे रहलन । कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद बारा मे १३ जने के मृत्यु भइल बा ।
एहितरे वीरगंज के एडभान्स अस्पताल मे ईलाज के समय मे ४५ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा । सरदी खोकी आ बोखार देखल गईला के बाद उनका के वैशाख २० गते उनका के एडभान्स अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल दिन उनकर मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे ७ जने के मृत्यु भइल बा ।






