काँग्रेस के १४ वाँ महाअधिवेशन मे नयाँ सदस्यता कायम करावे खातिर धर्ना प्रदर्शन

प्रभु यादव

बारा ०७ सावन

नेपाली काँग्रेस पार्टी के १४ वाँ महाधिवेशन मे आपन आपन समूह के सदस्यता कामय करावेला सनेपा मे समूह पक्ष धर्ना मे बईठल बा ।

रामचन्द्र पौडेल पक्ष नयाँ सदस्यता कईल गईल ठिक आ क्रियाशिल ना भईल लोग के कईल गईल खारिज करे के माग करत अनसन बईठत आईल बाडन । बिधान, नियामावली एवम केन्द्रीय छानविन समिति के परिपत्र मुताविक भईल नयाँ क्रियाशिल सदस्यता कायम करेके माग करत पार्टी सभापति देउवा निकट के नेता तथा कार्यकर्ता सब वियफे से धर्ना सुरू कईले बाडन ।

ललितपुर सनेपा मे रहल काँग्रेस के केन्द्रीय कार्यालय मे बारा नेपाली काँग्रेस के सभापति जयचन्द्र चौरसिया के नेतृत्व मे धर्ना शुरु कईले बा । प्रक्रिया अनुसार केन्द्र मे पठावल नयाँ क्रियाशिल सदस्यता १४ वाँ महाअधिवेश मे समावेश कर के बिधान विपरित कुछ ब्यक्ती लोग केन्द्र मे करावले बा सदस्यता ईन्टी खारिज के माँग करत अनसन शुरु कईल नेपाली काँग्रेस निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के सभापति एवम सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर बिजयशंकर यादव जनकारी करावले बानी ।

माँग पुरा ना भईला तक धर्ना जारी रही जिल्ला कोषाअध्यक्ष चन्द्रशेखर यादव जनकारी करावले बानी । निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के हक मे जिल्ला से क्षेत्रिय समिति से नयाँ क्रियाशिल एवम पुराना सदस्यता नविकरण के फर्म बुझ के लेगेल क्षेत्र नम्बर १ के ४८ गो बुथ सभापति सब पालिका के पार्टी प्रमुख सब के मार्फत फर्म सब बुझावे खातिर बेर बेर तकेता कईला पर भी अटेरी कर के आईला के वाद बहुते आग्रह के बाबजुद कोल्हवी नगरपालिका के १० गो वार्ड, बारागढी गाँवपालिका के ३ गो गो वार्ड के फर्म सब नगरसभापति बिरेन्द्र चौधरी आ गाँवपालिका के सभापति सुरेन्द्र चौधरी बुझ के लेजा के समय सिमा मे भरल फर्म क्षेत्रिय कार्य समिति मे ना बुझावला से १३ गो वार्ड के न्याँ एवम पुराना नविकरण केन्द्रीय समिति मे पेठावे ना सका से क्षेत्रिय सभापति यादव जानकारी दिहनी ।

बाकी रहल वार्ड सब से निर्णय होकर के आईल नया, नविकरण गाँवपालिका, नगर समिति, प्रदेश आ क्षेत्र से समेत छानबिन कर के बुझावला पर जिल्ला कार्य समिति के बईठक कर के कार्य समिति से अनुमोदन करवा के केन्द्र मे पठावल सदस्यता फर्म सब कईसे अवैधानिक भईल सभापति यादव प्रश्न समेत कईनी । पार्टीको बिधान, नियमावली ना मानेवाला के पार्टी से कारवाही करेके जगहा मे आउर उलोग चोर रास्ता से पठावल नयाँ सदस्यता एवम पुराना नविकरण ईन्टी भी कईला से बिधी आ प्रत्रिया विपरित रहला से ईन्टी करके सदस्यता तुरन्त खारिज होखेके सभापति यादव माग कइनी ।

धर्ना मे जिल्ला सभापति जयचन्द्र चौरसिया, सचिव हरेन्द्र, जिल्ला कोषाअध्यक्ष चन्द्रशेखर यादव, जिल्ला संगठन प्रमुख शम्भु बुढाथोकी, नेपाली काँग्रेस क्षेत्र नम्बर १ के सभापति बिजय शंकर यादव, २ के सभापति रामप्रवेश यादव, ४ के सभापति सुनिल गुप्ता, बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ प्रदेशसभा क के सभापति रामकुमारी गोले, निजगढ नगरपालिका के नगरसभापति महेशी कुवर, सिम्रौनगढ नगरपालिका के सभापति नागेन्द्र साह कानु, बुथ सभापति लगायत करिब २ सय के सहभागिता मे पहिलका दिन धर्ना मे बईठल बाडन ।

नेपाली काग्रेस के केन्द्रयि कोषाअध्यक्ष सिता देवी यादव, नेता गोपालमान श्रेष्ठ लगायत के नेतालोग धर्ना स्थल पुग के धर्ना के बारे मे जानकारी लेहले रहलन । एने रामचन्द्र पौडेल समुह, सिटौला समुह बारा के नेता तथा कार्यकर्तालोग संस्थापन पक्ष से सिफारिस कईल नयाँ सदस्यता खारिजी के माँग करत १२ दिन से सनेपा मे हि धर्ना जारी रखले बाडन । बारा आ सप्तरी के विवाद के चलते सावन १२ गते होखेवाला वार्ड के चुनाव अनिश्चित बनल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।