वीरगंज मे मासिक आ सप्ताहिक पत्रिका के एके साथ बिमोचन

वीरगंज १४ भादो

प्रदेश नम्बर २ के उर्जा तथा खानेपानी मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा संचार संस्था के विकास के खातिर खुद सदैव तत्पर रहल वतवले बाडन ।

वीरगंज से प्रकाशित होखेवाला रंगीन मासिक पत्रिका ‘द मिरर अफ सोसाइटी’ आ वीरगंज सञ्जाल सप्ताहिक पत्रिका के बिमोचन कार्जक्रम के सम्बोधन करत मन्त्री शर्मा संचार संस्था के खातिर खुद से अनुदान मे वैकल्पिक उर्जा के रुप मे सोलार वितरण करे लागल बतवनी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल मन्त्री शर्मा खानेपानी के समस्या से गुजर रहल बारा के अमलेखगञ्ज के बासिन्दा के समस्या से मुक्त करावे के प्रयास मे खुद लागल बतवनी । ओकरा खातिर बजेट छुट्याके काम भी अगाडि बढावल बतावत मन्त्री शर्मा अमलेखगंज बासी के खातिर आपन कार्यकाल मे खानेपानी के प्रबन्ध करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

द मिरर आफ सोसाइटी के प्रकाशक एवम् सम्पादक आरसी यादव के अध्यक्षता मे भईल बिमोचन कार्जक्रम मे नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश नम्बर २ के अध्यक्ष गणेश लाठ, जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुवोध कुमार गुप्ता, संविधान सभा सदस्य आत्माराम साह, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दिपेन्द्र चौहान, रेडियो वीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुव साह, जनता समाजवादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव, लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के नेता नेजामुद्धिन समानी, नेपाली कांग्रेस के नेता महमद साहबुदिन, नेकपा माओबादी केन्द्र के नेता बाबुराम कौशिक, अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी, द मिरर अफ सोसाइटी के सह सम्पादक बिरेन्द्र साह, पन्नालाल साह, वीरगंज संजाल के प्रकाशक कृष्ण श्रीवास्तव लगायत के लोग मन्तव्य व्यक्त कईले रहलन ।

वीरगंज स्थित रोयल पार्टी प्यालेस मे भईल कार्जक्रम के सहजिकरण रेखा सिँह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।