होटल व्यवसायी संघ पर्सा अनेकन माग सहित अध्यक्ष प्रचण्ड के बुझवलें ज्ञापन

वीरगंज १६ भादो

होटल व्यवसायी संघ पर्सा आपन अनेकन मागसब राखत नेकपा माओवादी केन्द्र के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल “प्रचण्ड” के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।

होटल व्यवसायी संघ पर्सा के महासचिव तबरेज आलम के नेतृत्व मे गईल व्यवसायीलोग अध्यक्ष प्रचण्ड के बुझावल ज्ञापनपत्र मे कोभिड–१९ से नेपाल भारत सीमा नाका बन्द रहला के चलते होटल तथा पर्यटन व्यवसायीलोग से बहुते नोक्सानी सहेके पडल जनवले बाडन । अभी तक महामारी के समय मे होटल व्यवसायी से कउनो भी किसिम के आर्थिक अनुदान संघ, प्रदेश आ स्थानिय सरकार से ना मिलल कहके ध्यानाकर्षण भी करवले रहलन ।

नेपाल सरकार से जारी कईल स्वास्थ्य मापदण्ड पालना करके बन्द रहल नेपाल भारत सिमा खुल्ला करेके, बैंक तथा वित्तिय संघसंस्थासब से नेपाल सकार से जारी कईल राहत प्याकेज अन्तरगत के सहुलियत ऋण उपलब्ध करावेके, व्यवासयीलोग के उत्थान के खातिर घरबहादल, बैंक के ब्याज, किस्ता लगायत व्यवसायिक कर मे विशेक्ष छुट देवेके, ५० लाख तक के सहुलियत पूर्ण कर्जा के व्यवस्था करेके, भारतीय पर्यटक के आवतजावत मे प्रयोग होखेवाला भारतीय नम्बर प्लेट के गाडीसब के नेपाल आवेमे सहजीकरण करेके लगायत के मागसब उ ज्ञापनपत्र मे उल्लेख कईल बा ।

उ ज्ञापनपत्र मे होटल व्यवसायी संघ पर्सा के बरिष्ठ उपाध्यक्ष विधालाल प्रसाद आ महासचिव तबरेज आलम संयुक्त रुप मे हस्ताक्षर कईले बानी ।

एहितरे उ अवसर मे होटल व्यवसायी संघ पर्सा के वरिष्ठ उपाध्यक्ष विद्यालाल प्रसाद, उपाध्यक्ष छविलाल उप्रेती, महासचिव तबरेज आलम, कोषाध्यक्ष दल बहादुर किंगरिंग, सदस्य कन्हैया अग्रवाल लगायत के व्यवासयीलोग माओवादी केन्द्र मे प्रवेश कईले बाडन ।

नवप्रवेशीलोग के पूर्व प्रधानमन्त्री एवं पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल (प्रचण्ड) टिका तथा खादा ओढाके पार्टी प्रवेश करवले रहनी । उ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे अस्थायी समिति सदस्य क.देवेन्द्र पौडेल, पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज उर्मिला अर्याल, जिल्ला संयोजक विजय महतो, महानगर ईन्चार्ज रहबर अन्सारी, प्रदेश सदस्य रामदरश कुशवाहा, बालेश्वर थारु, अखिल क्रान्तिकारी के.स. प्रभाकर गुप्ता लगायत के नेतालोग के सहभागीता रहल रहे । पर्सा जिल्ला मे नेकपा माओवादी केन्द्र के होटल व्यवसायी संघ मे पार्टी प्रवेश से आउर उर्जा बढल तथा आम जनमानस मे पार्टी उपर विश्वास बढला के साथे आत्मबल भी बढल पार्टी के महानगर ईन्चार्ज रहबर अंसारी बतवनी ।

पार्टी के ओरी से क. रहबर अन्सारी के जिम्मेवारी देहला के बाद एतना बडका उपलब्धी भईल पार्टी से महसुस कईल विशेष उपस्थित कमरेडलोग के कहनाम रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।