नारायणी अस्पताल मे प्रयोगशाला के कर्मचारी उपर हाथपात

वीरगंज ०८ चईत
वीरगंज के नारायणी अस्पताल के इमर्जेन्सी प्रयोगशाला मे कार्यरत दु जने कर्मचारी उपर हाथपात भईल बा । प्रयोगशाला प्राविधिक वीरगंज–२६ रहेवाला अताउल हक आ स्वीपर महेन्द्र राउत उपर हाथपात भईल बा ।
सोमार के रात साढे ९ बजे ओरी खुन परीक्षण के रिपोर्ट मागे आईल मरेजी के आफन्त उलोग उपर माथि हाथपात कईले बाडन । ४÷५ जने के समूह उलोग के पिटपाट कईल अस्पताल जनवले बा ।
अस्पताल के मुताविक स्वीपर राउत पंजा लगाके सरसफाइ के काम करत रहलन आ प्राविधिक हक प्रयोगशाला मे व्यस्त रहलन । “रिपोर्ट के खातिर एकछिन रुकीं” कहला पर आक्रोश मे आके गाली गलौज कईला के साथे खुदसब के पिटपाट भी कईल पीडितलोग बतवले बाडन ।
पुलीस पिटपाट मे संलग्न के आरोप मे बारा के प्रसौनी गाँवपालिका ६ रहेवाला २६ बरीस के आदर्श साह आ २० बरीस के आकाश साह पकडाईल बाडन । उलोग बहिन के प्रसुति करावे खातिर नारायणी अस्पताल आईल रहलन ।
रिपोर्ट लेवेके समय मे स्वास्थ्यकर्मी के हाथपात कईल आरोप उलोग उपर लागल बा । दुनु जने के नियन्त्रण मे लेके घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
घटना मे संलग्न आउर आदमीसब के खोजी हो रहल उनकर कहनाम बा । उलोग प्रयोगशाला भितर घुसके पिटपाट कईला पर माइक्रोस्कोप, कम्प्युटर, प्रिन्टर, कुर्सी, ट्युब राखेवाला जगहा लगायत के सामान मे नोक्सानी पुगल बा ।
प्रयोगशाला मे करिब डेढ लाख बराबर के नोक्सानी भईल इन्चार्ज हिराबाबु पाण्डे जानकारी देहनी । “काम करे खातिर कुछ समय लागला पर कर्मचारी के गाली गलौज आ पिटपाट करेलन” कहत उ, “सीमित स्रोत साधन आ सेवा सुविधा मे काम करेके पडि । अईसे असुरक्षित होके त कईसे काम कईल जाई ?”
डाक्टर प्रभाकर पाण्डे प्रयोगशाला भितर घुसके स्वास्थ्यकर्मी उपर आक्रमण कईल निन्दनीय काम भईल बतवनी । काम करे खातिर सुुरक्षित वातावरण चाहि बतावत उ ई बारे मे अस्पताल प्रशासन से छलफल कईल भी बतवनी ।
“इमर्जेन्सी ल्याब तानका दुर बा । इमर्जेन्सी कक्ष मे ल्याब राखे खातिर गृहकार्य भी होत रहे”, कहत उ “ल्याब के खातिर जरुरी उपकरण के कमी मे स्थापना करे ना सकल गईल । ओकरा चलते भी समय समय मे समस्या आवेला ।”
अस्पताल पिटपाट करेवाला विरुद्ध कानुनी कारबाही के प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर पुलीस समक्ष निहोरा कईले बा । अस्पताल से कईल निहोरा मुताविक हि आरोपीलोग विरुद्ध अभद्र व्यवहार के मुद्धा मे पर्सा जिल्ला अदालत मे म्याद थप के खातिर पठावल गईल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक राजेशराज पुरी जानकारी देहनी ।






