समाजिक सेवा संगे सहकारी प्रबिधि मैत्री जरुरी : अध्यक्ष साह

वीरगंज २० चईत

“मर्यादित ब्यवसाय आ प्रबिधि मे सहकारी” नारा के साथ मे ६५ वाँ राष्ट्रिय सहकारी दिवस के अवसर मे जय महाबिर कृषि सहकारी संस्था लि. लखनपुर के आयोजना एवं जिल्ला कृषि सहकारी संघ लि. पर्सा के आर्थिक सहजोग मे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा । कार्जक्रम मे जिल्ला कृषि सहकारी संघ लि. पर्सा के अध्यक्ष शिव कुमार साह डिजिटलाइजेसन सम्बन्धी महत्वपूर्ण ज्ञान सम्प्रेषण भईल आ अब सहकारी एकरा के अभियान के रुप मे अगाडि बढावेके बात मे जोड देहनी ।

सामाजिक सेवा संगे सेवा प्रवाह के चुस्त बनावत सदस्य के सन्तुष्ट बनावे खातिर डिजिटलाइजेसन के विकल्प ना भईल बतवनी । सहकारी के डिजिटलाइजेसन मे रुपान्तरण करेके लक्ष्य रहल बतावत सहकारी के हातेमालो करे खातिर साह निहोरा कईले बानी ।

वि.स. २०१३ साल चईत २० गते चितवन मे बखानपुर सहकारी ऋण समिति के स्थापना होके नेपाल के सहकारी अभियान के शुरूवात भईल ऐतिहासिक दिन के स्मरण करत हरदम जईसन ई बरीस भी ६५ वाँ राष्ट्रिय सहकारी दिवस देशभर अनेकन कार्जक्रम के साथ मनावल गईल बा ।

जय महाबिर कृषि सहकारी संस्था लि. लखनपुर के सचिव बम बहादुर पन्डित के अध्यक्षता एवं जिल्ला कृषि सहकारी संघ लि. पर्सा के अध्यक्ष शिव कुमार साह के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड सदस्य धर्मराज साह, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के कृषि शाखा प्रमुख दायाराम वागले, मुम्ताज अन्सारी, शिव साह लगायत के सहकारी सहभागीता रहल कार्जक्रम सञ्चालक उदित साह कानु बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।