लघुबित आ सहकारीसब के सभी कर्जा मिनाहा करेके माग करत आजपाद्धारा जनकपुर मे प्रदर्शन
लघुबित आ सहकारीसब के सभी कर्जा मिनाहा करेके माग करत आजपाद्धारा जनकपुर मे प्रदर्शन

जनकपुरधाम २० अगहन
आम जनता पार्टी (आजपा) अनेकन माग करत बुध के दिने मधेस प्रदेश के राजधानी जनकपुरधाम मे प्रदर्शन कईले बा ।
आजपा महासचिव उपेन्द्र साह के नेतृत्व मे जनकपुरधाम के बारहविग्घा से सुरु भईल प्रदर्शन जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा तक पुगल रहे । उ समय मे जनकपुर स्थित राष्ट्र बैंक के कार्यालय अगाडी भी प्रदर्शनकारीलोग नारावाजी कईले रहलन ।
आजपा मधेस प्रदेश कमिटी के आयोजना मे भईल प्रदर्शन मे सहभागीलोग हमनीसब के माग सम्बोधन ना भईल पर एकरा से कडा आन्दोलनका कार्जक्रम घोषणा करेके चेतावनी देहले बाडन । प्रदर्शन मे सहभागि आजपा के महासचिव साह हमनीसब के माग गम्भिर रुप मे लेके सम्बोधन ना कईला पर मधेस बन्द करेके चेतावनी सरकार के देहले बाडन ।
‘हमनी शान्तिपुर्ण रुप मे विरोध के कार्जक्रम कर रहल बानी । किसान, सर्वसधारण से आम जनता के माग सम्बोधन करेमे सरकार देरी कईला मे हमनी मधेस बन्द तक के कडा आन्दोलन के कार्जक्रम लियावे मे बाध्य होखेम । आ ओकर जिम्मेवारी सरकार से हि लेवेके पडि’ आजपा महासचिव साह कहनी ।
आजपा बैंकसब से लेरहल मनोमानी ब्याज फिर्ता करेके, लघुबित आ सहकारीसब के सभी कर्जा मिनाहा करेके, किसानलोग के सहुलियतपूर्ण कर्जा उपलब्ध करावेके लगायत के माग कईले बा ।
एहितरे आजपा मधेस मे हो रहल सरकारी योजना आ बजेट के खरीद बिक्री जईसन भ्रष्टाचारजन्य काम रोके खातिर भ्रष्टाचारी के कारवाही करेके लगायत के माग कईले बा । आजपा महासचिव साह पार्टी के अभी पुरा भईल स्थायी कमिटी के बईठक आ मधेस प्रदेश कमिटी के बईठक के निर्णय मुताविक सर्वसधारण के मुद्धा सरकार समक्ष पुगावे खातिर पार्टी संघर्ष के अनेकन कार्जक्रमसब अगाडी बढावेके निर्णय मुताविक विरोध प्रदर्शन कईल बतवनी ।






