राजसंस्था आ हिन्दु राष्ट्र के माग करत राप्रपा बुझवलख ज्ञापनपत्र
राजसंस्था आ हिन्दु राष्ट्र के माग करत राप्रपा बुझवलख ज्ञापनपत्र

वीरगंज ०९ फागुन
राजसंस्था आ हिन्दु राष्ट्र पुनःस्थापना सहित ४० बुँदे माग राखत राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी ९राप्रपा० वीरगंज मे प्रदर्शन करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मार्फत सरकार के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।
प्रदेश संरचना के खारेज करके बरियार केन्द्र आ अधिकार प्राप्त स्थानीय तह रहल दु तह के सरकार होखेके, भ्रष्टाचार नियन्त्रण, सुशासन के प्रत्याभूति के, राष्ट्रियता, विकास, सुशासन, सेवाप्रवाह एवं जनजीविका से प्रत्यक्ष सम्बन्धित तथा देश के दीर्घकालीन हित के अनेकन माग राखत राप्रपा पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुसाल मार्फत प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।
राप्रपा पर्सा के अध्यक्ष सुमेश्वरनाथ उपाध्याय के नेतृत्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रतिनिधि सभा सदस्य वीणा जयसवाल संगे राप्रपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।






