बारा के ईटीयाही मे माघ २३ गते से होखे वाला महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरण मे
बारा के ईटीयाही मे माघ २३ गते से होखे वाला महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरण मे

वीरगंज १८ माघ
बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ ईटीयाही मे इहे माघ २३ गते से होखे लागल श्री श्री १००८ श्री महाशिवरात्रि महामहोत्सव महायज्ञ श्री शिवशक्ति कोटी होम महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरण मे रहल जनावल गईल बा ।
वीरगंज बसपार्क से पुर्व नेशनल मेडिकल के दखिन ओरी करिब २ सय मिटर अगाडि महायज्ञ परिसर मे शुक के दिने आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे महायज्ञ मुल समिति के सह–सचिव दिपेन्द्र सर्राफ मधेश प्रदेश के हि बडका महायज्ञ भईला से एकर अनुमानित लागत करिब १ करोड रहल बतवनी ।
उ यज्ञशाला बनावे मे २ लाख ५१ हजार, मुर्ति बनावेमे २१ लाख, टेन्ट व्यवस्थापन मे ११ लाख ५१ हजार, साउण्ड सर्विस तथा लाईट डेकोरेशन मे ६ लाख ५० हजार, पुजा सामग्री मे ५ लाख २५ हजार, ब्राह्मण खर्च ३ लाख ५१ हजार, लकडी तथा बाँस खर्च १० लाख, रामलिला तथा प्रवचन खर्च ८ लाख, भण्डारा मे २५ लाख लगायत करके करिब एक करोड खर्च होखेके अनुमान कईल बतवनी ।
सह–सचिव सर्राफ महायज्ञ धर्म के काम भईला से ई काम मे हमनी सभी मिलके सफल बनावेके साथे ई महायज्ञ चन्दा मे आधारित भईला से सभी मे सहजोग के खातिर निहोरा भी कईले रहनी ।
मेला मनोरञ्जन समिति के अध्यक्ष सुमित यादव मेला मे छोट बड करके १ हजार ११ मुर्तीसब बनावल गईल बतावत टावर झुला, मौतकुवा, सर्कस, नाव झुला, डैनसिग झुला इत्यादि मनोरञ्जन के ब्यवस्थापन कईल बतवनी । एहितरे भारत बृन्दावन के राम लिला, रास लिला आदि कार्जक्रमसब भी रहल यादव बतवनी ।
महायज्ञ मे सुरक्षा के मध्यनजर करत ९ गो सिसि टिभी आ २ सय से बेसी स्वयंसेवक तथा नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी से समन्वय करके भरपर्दो सुरक्षा प्रदान करेके महायज्ञ प्रचार प्रसार समिति के संयोजक राज सर्राफ बतवनी । माघ २३ गते बुध से बिधिवत रुप से सुरु होखेवाला महायज्ञ मे २२ दिन पुजापाठ आ मेला एक महिना तक चलेके आयोजक समिति जनवले बा ।
विश्रामपुर गाँवपालिका के प्रमुख जुल्फकार अलि भुट्टो के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे महायज्ञ मुल समिति के उपाध्यक्ष डोमाई साह, राजा बाबू गुप्ता, कोषाध्यक्ष भोला साह सोनार एवम् प्रचार प्रसार समिति के संयोजक राज सर्राफ, नेपाल पत्रत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल लगायत पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।






