रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सभापति मे वृजकिशोर पटेल
रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सभापति मे वृजकिशोर पटेल

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०७ फागुन
नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सभापति मे वृजकिशोर पटेल जितल बानी । बुध के दिने भईल मतदान मे पटेल ६७ भोट लियाके ४ भोट से जितल बानी । उनकर प्रतिस्पर्धी विरेन्द्रराज कडेंल ६३ भोट लिआईल बानी ।
एहितरे उपसभापति मे ७४ भोट लियाके भगवती चौधरी विजयी भईल बानी । उनकर प्रतिस्पर्धी विनोद मेहता ५५ भोट लिआईल बानी । जनानी उपसभापति मे मधु राणा ७५ भोट लियाके जितल बानी आ उनकर प्रतिस्पर्धी सरिता कुमारी यादव ५५ भोट लिआईल रहनी । मन्त्री मे विनोद गिरी ६६ भोट लियाके जितल रहनी आ उनकर प्रतिस्पर्धी महन्थ प्रसाद यादव ६४ भोट लिआईल बानी ।
कोषाध्यक्ष मे दयाशंकर सिंह राजपुत, उपमन्त्री मे साविर अहमद एराज आ सन्तोष कुमार गुप्ता के बराबर भोट आईल बा । सभापति मे वृजकिशोर पटेल जितला पर भी अधिकांश पदाधिकारी आ सदस्यलोग कडेंल पक्ष के जितल बाडन ।
कार्यसमिति सदस्यलोग मे कडेँल प्यानल के ७ जने आ जनानी सदस्य मे २ जने जितल बाडि । कडेंल के प्यानल ओरी के शिवनाथ यादव, दिनानाथ रौनियार, मदन प्रसाद गुप्ता, जितेन्द्र कुमार वर्मा, बाबुनन्द चौरसिया, अलिअसगर देवान जितल बानी ।
एहितरे जनानी सदस्य मे कविता खड्का, मूना खनाल, बबिता कुमारी कानु जितल बाडि । एकसय ३४ मतदाता संख्या रहल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा शाखा मे १३३ भोट गिरला मे सदस्य के मतपत्र मे २ मत बदर भईल निर्वाचन समिति जनवले बा । १७ जने कार्यसमिति के खातिर ३४ जने के उम्मेदवारी परल रहे ।
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा शाखा अन्तर्गत ग्रामिण भेग मे १४ गो उपशाखा आ शहरी क्षेत्र मे ८ गो करके कुल २२ गो उपशाखा रहल बा ।






