नारायणी एफएम के २० वाँ वार्षिकोत्सव मे समाचार वाचन प्रतियोगिता भईल

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज २१ अगहन, वीरगंज से प्रशारण होत आईल नारायणी एफएम के २० वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे एतवार के दिने समाचार वाचन प्रतियोगिता पुरा भईल बा । सामुदायिक रेडियो नारायणी एफएम पहिलका बेर आपन स्थापना दिवस के अवसर मे उ प्रतियोगिता आयोजना कईल जनवले बा ।
प्रतियोगिता मे माधव तिमिल्सिना प्रथम, लक्ष्मी खरेल द्वितीय तथा सुर्यनारायण विक तृतीय भईल बाडन आ सन्तावना पुरस्कार से सुरेश विडारी, बिमाला गुप्ता आ आरजु देवकोटा के सम्मान कईल बा ।
प्रथम होखेवाला तिमिल्सना के नगद २० हजार, द्वितीय होखेवाला खरेल के नगद १५ हजार आ तृतिय होखेवाला बिक के नगद १० हजार देहल गईल बा । साथे सान्तावना पुरस्कार बिजेता बिडारी, गुप्ता आ देवकोटा के जनही नगद ५ हजार देहल गईल बा । बिजयी प्रतियोगिलोग के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह पुरस्कार तथा मेडल देहले रहनी ।
समाचार वाचन क्षमता के विकास, युवा सञ्चारकर्मी के प्रोत्साहन आ समुदाय मे स्रोतसञ्चार के प्रभावकारिता बढावेके उद्देश्य से प्रतियोगिता आयोजना कईल नारायणी एफएम के अध्यक्ष गोबिन्द देवकोटा बतवनी ।
एफएम के अध्यक्ष गोबिन्द देवकोटा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी भोला दाहाल, पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक सुदिपराज पाठक, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय लेखा समिति संयोजक केसी लामिछाने, मधेश प्रदेश के अध्यक्ष श्याम बञ्जारा, पर्सा अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल लगायत के लोग आपन आपन शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी । उ कार्जक्रम के सञ्चालन एफएम के स्टेशन प्रमुख शिवनाथ यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।