प्रदेश नं २ मे स्वाब सङ्कलन के दायरा बढावल गईल

जनकपुरधाम, २ जेठ
प्रदेश नं २ कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या मे वृद्धि भईला सँगे स्वाब के नमूना सङ्कलन साथे कन्टयाक्ट टे«सिङ के दायरा बढावल गईल बा ।
उ दुनु काम मे तेजी लियावे खातिर काठमाण्डु से विशेष टोली इहाँ अइला के बाद दायरा बढावल गईल बा ।
बितल वैशाख ३० आ ३१ गते कोरोना पुष्टि भईल ६० जने के सम्पर्क मे आईल ३७० जने के क टे«सिङ करके स्वाब के नमूना सङ्कलन काम हो रहल समाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव डा रामप्रसाद घिमिरे जानकारी देहनी ।
एकरा साथे वीरगंज से फरार भईल दु सङ्क्रमित मेसे ४४ बरीस के एक आदमी मे मोटरसाइकल मे चढ के धुबिनीगाँव पुगल जनावल गईल बा ।
उ मोटरसाइकल चालक सहित छ जने आफन्त के भी स्वाब के सङ्कलन करेके भईल बा ।
दोसर आदमी केहु के सम्पर्क ना आईल बतावल गईल बा । दुनु जने के पकड के फेनु भर्ना कईल बा ।
राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे बियफे से स्वाब के नमूना सङकलन हो रहल बा ।
एकरा साथे सप्तरी के खड्गपुर, राजगढ आ तीलाठी–कोइलाडी गाँवपालिका मे भी नमूना सङ्कलन कईल जाई ।
सर्लाही के ४५ बरीस के सङ्क्रमित के सम्पर्क मे आईल तीन जने के नमूना लेहल गईल उ जानकारी करवनी ।
धनुषा आ महोत्तरी के जोखिम क्षेत्र पहिचान करके स्वाब सङ्कलन कईल जाई ।
सिरहा जिल्ला मे भारत से चोरालुका के प्रवेश करेवाला के सङ्ख्या मे वृद्धि हो रहला से एकरा ओरी स्थानीय समुदाय के निगरानी करे खातिर आ प्रवेश कईल आदमी के लगे के क्वारेन्टाइन मे राखेके जोड देहल गईल बा ।
प्रदेश मे बियफे तक मे चार हजार ६०० जने के स्वाब सङ्कलन कईल बा ।
उ मेसे तीन हजार ७२९ के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा आ ७७४ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ६३ आ वीरगंज स्थित स्कूल के आइसोलेसनकक्ष मे आठ जने के ईलाज हो रहल सचिव डा घिमिरे बतवनी । ई प्रदेश मे अभी तक ९९ जने मे कोरोना के सङ्क्रमण पुष्टि भइल बा ।
पर्सा मे सब से बेसी ८२, रौतहट, बारा आ धनुषा मे तीन–तीन आ महोत्तरी आ सर्लाही मे दु–दु कोरोना सङ्क्रमित बाडन ।
आउर तीन जने भारतीय हउवन् । उ सङ्क्रमित मेसे वीरगंज के दु आ जनकपुर के एक करके तीन सञ्चारकर्मी भी कोरोना से सङ्क्रमित भईल जनावल गईल बा ।






