पीसीआर मेसिन किने खातिर उद्योगीलोग कईलें आर्थिक सहजोग

वीरगंज २७ जेठ
वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग कोरोना भाइरस के चेकजँच करेवाला पीसीआर मेसिन किने खातिर वीरगंज महानगर पालिका के ७० लाख रोपेया सहजोग कईले बाडन ।
कोरोना परीक्षण के दायरा बढावल जरुरी रहल कहत महानगरपालिका मेसिन किने खातिर आर्थिक सहजोग के सार्वजनिक आह्वान कईले रहे ।
आह्वान मुताविक वीरगंज के उद्योगी व्यसायी मेसिन किने खातिर जरुरी ७० लाख रोपेया आजु महानगरपालिका के देहले बाडन ।
महागरपालिका मे आजु आयोजने कईल कार्जक्रमम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया ७० लाख ११ हजार रोपेया के चेक नगर प्रमुख विजय सरावगी के देहनी ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ ११ लाख ११ हजार रकम सहजोग कईले बा । बाकी ५९ लाख रोपेया संघ के निहोरा मे उद्योगी व्यवसायी महानगर के देहले बाडन ।
उद्योगी वीरेन्द्र संघाइ २० लाख, बाबुलाल चाचान १० लाख, राजेश अग्रवाल ६ लाख, हिरालाल केडिया, आत्माराम काबरा, मुरलीधर रुंगटा आ अनिल रुंगटा जनही ५÷५ लाख रोपेया सहजोग कईले बाडन ।
अशोक बैद्य २ लाख आ चिरंजीवी सरावगी भी १ लाख रोपेया देहले बाडन ।
एकरा से पहिले सोमार के दिने बारा के सूर्य नेपाल प्रालि भी महानगरपालिका के १५ लाख रोपेया देहले रहे । पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका भी कोष मे २५ लाख रोपेया सहजोग कईले बा ।
ई बाहेक वीरगंज के सामुदायिक विद्यालय, अनेकन संघसंस्था भी महानगर के विपद व्यवस्थापन कोष मे रोपेया देहले बाडन ।
जेठ ६ गते महानगरपालिका के समन्वय मे जिल्ला के सभी पालिका के प्रमुख, प्रदेश सांसद, राजनीतीक दल के प्रमुख, उद्योगी व्यवसायी के सहभागीत मे सर्वपक्षीय बईठक बईठल रहे ।
बइठक मे नगर प्रमुख सरावगी कोभिड विरुद्ध के लडाइ मे महानगर के सहजोग करे खातिर निहोरा कईले रहलन ।
उनकर निहोरा मे बईठक से जिल्ला के सभी पालिका से करके ५ करोड आ उद्योग वाणिज्य संघ लगायत उद्योगी व्यवसायी से ५ करोड करके जम्मा १० करोड रोपेया के प्रकोप कोष स्थापना करेके निर्णय कईले रहे ।
मंगर तक महानगर के प्रकोप व्यवस्थापन कोष मे २ करोड ५० लाख से बेसी रोपेया जम्मा भइल नगर प्रमुख सरावगी जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक, कोष मे महानगरपालिका खुदे १ करोड रकम जम्मा कईले बा ।
बाँकी डेढ करोड रोपेया अनेकन संघसंस्था आ दाता से सहजोग स्वरुप मिलल नगर प्रमुख सरावगी जानकारी देहनी ।
पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका भी बुध के दिने ५० लाख रोपेया कोष मे सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनेवल सरावगी बतवनी ।
महानगर पीसीआर मेसिन खरिद के खातिर टेण्डर (बोलपत्र) आह्वान कईल जानकारी देत सरावगी भिटिएम किट खरिद के प्रक्रिया भी बुध से सुरु करेके जानकारी देहनी ।
पीसीआर मेसिन आ ओमे लागेवाला सभी उपकरण करके करिब ६५÷७० लाख पडि, ओकरा खातिर जरुरी रोपेया उद्योगी व्यपारी देहले बाडन, कहत सरावगी मेसिन आ किट किनला के बाद महानगर नारायणी अस्पताल मे मेसिन उपलब्ध कराई, उहाँ से जेकजाच के काम होखी ।’
नारायणी अस्पताल मे एकरा से पहिले हि संघीय सरकार से पठावल पीसीआर मेसिन से कोरोना के परीक्षण होत आईल बा ।
अब महानगरपालिका खुदे दोसर मेसिन किनला के बाद नारायणी अस्पताल मे २ गो मेसिन से कोरोना के परीक्षण होखी ।
एगो मात्र मेसिन रहला से जरुरत मुताविक कोरोना परीक्षण होखे ना सकला के बाद जिल्ला मे परीक्षण के दायरा बढावे खातिर महानगरपालिका खुदे आउर एगो मेसिन किने खातिर अगाडि बढल सरावगी बतवनी ।
अब २ गो मेसिन भईला के बाद परीक्षण के दायरा निश्चि बढी, कहत उ जदि पालिका सहजोग करीहन त जिल्ला के हरेक नागरिक के परीक्षण करेके हमनी के योजने बा ।
पीसीआर मेसिन आ किट खरिद के बाद कोष मे बाँकी रहेवाला रोपेया वीरगंज मे संचालित क्वारेन्टाइन आ कोभिड १९ अस्पताल संचालन आ व्यवस्थापन मे खर्च करेके सरावगीले जानकारी देहनी ।






