भ्रष्टचार के आरोप मे पूर्व सहायक बन अधिकृत विरुद्ध अख्तियारद्धारा मुद्दा दायर

बारा २८ असाढ
भ्रष्टचार कईल आरोप मे तत्कालीन जिल्ला वन कार्यालय बारा के सहायक वन अधिकृत विन्देश्वर प्रसाद पटेल विरुद्ध अख्तियार मुद्दा दर्ता कईले बा ।
नर्सरी आ बाँस के पौधा किने मे भ्रष्टचार कईल ठहर करत अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग ३ लाख विगो माग करत एतवार के दिने विशेष अदालत, काठमाण्डु मे मुद्दा दर्ता कईले बा ।
जिल्ला वन कार्यालय बारा के सहायक वन अधिकृत रहल समय पटेल जिल्ला के वरियापुर नर्सरी मे राष्ट्रपति चुरे के बाँस के पौधा किने मे व्यापक अनियमितता कईल अनुसन्धान मे खुलल बा ।
पटेल राष्ट्रपति चुरे तराई मधेश संरक्षण विकास कार्जक्रम वंगरी नदी प्रणाली ओरी दु हजार गो दु बरीस के बाँस के कलमी राइजोम उत्पादन भा खरिद तथा रोपण करके नर्सरी व्याड निर्माण के खातिर २०७५ फागुन मसान्त भितर मे काम पुरा करेवाला किसिम से ३ लाख के कार्यादेश मुताविक कउनो भी काम ना करके पुराने नर्सरी देखाके खरिद कईल नक्कली बिल पेश करके रकम फछर्यौट कईल अख्तियार के प्रवक्ता प्रदीप कुमार कोइराला बतवनी ।






