आर्थिक प्रलोभन मे परला के चलते अस्पताल कर्मचारी के म्याद थप ना होरहल आरोप

प्रभु यादव

बारा १९ भादो

बारा जिल्ला के एक मात्र कलैया अस्पताल मे विकास समिति से काम करेवाला कर्मचारी सब के म्याद थप ना भईला से चिन्ता मे पडल बाडन ।

अस्पताल संचालन तथा व्यवस्थापन समिति के बईठक बईठल माकिर म्याद थप ना करे सकल, आपसी बात ना मिलला के कारण कर्मचारी सब अन्यौल मे पडल बाडन ।

समिति के अध्यक्ष किशोरी प्रसाद कलवार आर्थिक प्रलोभन मे पड के चल खेल करहल बानी जवना के कारण बईठक मे बात ना मिल रहल पिडित लोग आरोप लगवले बाडन ।

अस्पताल विकास समिति से पहिले सेही ३० जने कर्मचारी काम करत आईल बालोग आ बितल आर्थिक वरीस मे ११ जने के ज्यालदारी मे राखल लोग के समिति मे राखे खातिर चलखेल कर रहल अस्पताल स्रोत से जानकारी भईल बा ।

अस्पताल संचालन तथा व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष कलवार से जानकारी कईला पर पहिले से २६ जने काम करत आईल बा ओलोग के मात्र थपे के परल ना त ४२ जने के म्याद थप करे के काम कईल जाए के बात रखला पर मेसु विरेन्द्र मण्डल ३० जने के म्याद थपे के आ आउर बाकी के म्याद थप ना करेला जिकिर कईला के बाद बईठक स्थगित भईल जानकारी करावले बानी ।

बजेट के व्यवस्था मिला के जइसे हो ओईसे ४२ जने के हि म्याद थप कर के अस्पताल संचालन करे के अध्यक्ष कलवार कहनी ।

मेसु मण्डल अस्पताल संचालन मे बेर बेर आर्थिक खर्च मागला पर ना देरहल भईला से तुरन्तरे दुसर मेसु लियाके कर्मचारी सब के म्याद थप करे के काम मे अपने लागल अध्यक्ष जनकारी करावले बानी ।

मेसु डाक्टर विरेन्द्र मण्डल से जानकारी लेहला पर कोरोना महामारी के समय मे बईठक ना बईठे सकल जवना के कारण कर्मचारी सब के म्याद थप ना होखे सकल जानकारी करवले बानी ।

बईठल बईठक मे अस्पताल संचालन तथा व्यवस्थापन समिति के पदाधिकारी लोग पहिले से रहल ३० जने मे से कुछ लोग के हेर फेर कर के म्याद थप करे के कहला के बाद सम्भव ना भईला से बईठक से म्याद थप ना होखे सकल मेसु मण्डल जानकारी करवले बानी ।

मे रहल कर्मचारी सब के खातिर बजेट ना आईल समय तक ना थप कईल जा सके के कहला वाद समिति से राखल गईल ३० जने मे से हेरफेर करे के समिति के पदाधिकारी लोग अडान रखले रहलन ।

आपना बजेट के व्यवस्था ना होई तब तक करार के कर्मचारी के म्याद थप ना करे सके के बात मेसु मण्डल जानकारी देहनी ।

जनशक्ति जरूरी बा माकिर रकम ना भईला पर अस्पताल व्यवस्थापन मे असर परे सकला से जरूरी रहल लोग के म्याद थप कईल जाए के जानकारी करवले बानी ।

एतवार भा सोमार के दिन सम्भवत समिति के बईठक बोला के कर्मचारी लोग के म्याद थप करे के काम अगाडि बढावे खातिर बईठक बोलावे के तईयारी करहल मण्डल जानकारी करवले बानी ।

अस्पताल संचालन तथा व्यवस्थापन समिति के नियुक्ति पार्टीगत राजनीतिक कोटा भईला से स्वच्छ ना भईला के कारण आर्थिक चल खेल होत रही आ काम मे वाधा व्यवधान रहले रही बुझेवाला अगुवा नागरीक लोग के कहनाम रहल बा ।

अस्पताल सञ्चालन खातिर ना कार्यकर्ता पालेला समिति नियुक्ति कईल जाला जवना के कारण कर्मचारी आ समिति मे मतभेद होके काम मे अवरोध होत रहे के काम होखेला नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेसलालल दास जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।