सरकार से वीरगंज मँगलख एक लाख डोज खोप

वीरगंज १९ जेठ

वीरगंज महानगरपालिका सरकार से १ लाख डोज खोप उपलब्ध करावे खातिर माग कईले बा । वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय मे बुध के दिने पत्राचार करत १ लाख डोज खोप उपलब्ध करावे खातिर माग कईले बाडन ।

‘वीरगंज आ आसपास के क्षेत्र मे बसोबास करेवाला नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर वीरगंज क्षेत्र के लक्षित करके तत्काल एक लाख डोज खोप उपलब्ध करावे खातिर माननीय मन्त्रीज्यू समक्ष अनुरोध करत बानी,’ महानगर स्वास्थ्य मन्त्रालय के पठावल पत्र मे उल्लेख बा ।

एकरा से पहिले वीरगंज महानगरपालिका लगायत कुछ स्थानीय तह खोप खरिद के खातिर अनुमति माग कईला पर स्वास्थ्य मन्त्रालय से खोप खरिद के जिम्मेवारी संघीय सरकार के भईल जवाफ देहले रहे ।

कोरोना महामारी के विषम परिस्थिति मे वीरगंज भन्सार नाका से होखेवाला ढुवानी सेवा मे संलग्न चालक, सहचालक, भंसार मे कार्यरत कर्मचारी सहित श्रमिक आ सेवा प्रदायक संस्था के प्रतिनिधिसब, उद्योग प्रतिष्ठान मे कार्यरत श्रमिकलोग के पहिलका प्राथमिकता मे राख के खोप लगावेके महानगरपालिका के माग बा ।

उलोगके सम्पर्क ढुवानी सेवा मार्फत देश के अनेकन शहर मे होखेवाला भईला से गम्भीर रुप मे लेवेके महानगर मन्त्रालय के पठावल पत्र मे उल्लेख बा ।

कोभिड के उच्च जोखिम मे रहल शिक्षण संस्था मे कार्यरत शिक्षक, कर्मचारी आ विद्यार्थीलोग, बैकिङ्क तथा वित्तीय क्षेत्र मे संलग्न कर्मचारीलोग के भी प्राथमिकता मे राख के खोप देवेके महानगरपालिका बतवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।