वीरगंज नाका से भारत प्रवेश करेवालाके भिड

वीरगंज १० चईत,

सरकार भारत आ चीन सँगे जुडल सभी नाका मे एक हप्ता के खातिर आवागमन बन्द करेके निर्णय कईला पर भी प्रदेश नं २ के वीरगंज नाका से भारत प्रवेश करेवाला के आजु सबेरे से भिड लागल रहे ।

सरकार से कईल उ निर्णय कार्यान्वयन के खातिर स्थानीय प्रशासन के निर्देशन देहला पर भी सबेरे काठमाण्डु लगायत नेपाल के अनेकन शहर मे काम करेवाला भारतीय आपन देश फिर्ता करेके समय मे वीरगंज नाका होत भारत ओरी जाएवाला के सबेरे से भिड लागल रहे ।

बहुते जरुरी सामान राखल मालबाहक ट्रक, तेल लादल ट्याङ्कर सबेरे भारत से वीरगंज नाका होत नेपाल प्रवेश कईले बा । भारत से नेपाल आवेवाला पैदलयात्री के जाँच करके तथा हेल्थ डेस्क मे स्वास्थ जाँच करके छोडल गईल बा । उहाँ रहल वीरगंज महानगरपालिका के अहेव जितेन्द्रप्रसाद गुप्ता थर्मामिटर से सामान्य जाँच करके छोडल जा रहल बा ।

एक जने मात्र स्वास्थकर्मी पैदलयात्री के स्वास्थ जाँच करत आईला से भीड के चलते समस्या पडल बतावल गईल बा ।
आजु सबेरे से नेपाल से भारत तथा भारत से नेपाल ओरी एक हजार से बेसी पैदलयात्री प्रवेश कईल उहाँ रहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

भारत के विहार मे कोरोना सङ्क्रमण से एक जने के मृत्यु भईला के बाद उ बेमारी के सङ्क्रमण फईले ना देवे खातिर नेपाली सीमा मे रहल सशस्त्र प्रहरी तथा नेपाली सेना कडाइ के साथ जाँच करत आईल स्थानीय प्रशासन जनवले बा ।

एहितरे जिल्ला प्रसाशन कार्यालय पर्सा के एतवार के दिने बईठल सुरक्षा समिति के बईठक से भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला भारतीय के क्वारेन्टाइन मे राखेके निर्णय कईले बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से वीरगंज रक्सौल नाका होके नियमितरूप मे आवतजावत करेवाला बाहेक भारत के अनेकन जगहा से आवेवाला भारतीय के क्वारेन्टाइन मे राखेके निर्णय कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।